शाहजहांपुर में खेत के खुदाई के दौरान मिलल हथियारन के जखीरा, 1857 के क्रांति से हो सकेला संबंध

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 8, 2024

    उत्तर प्रदेश के शाहजहांपुर जिला में एगो अजीब मामला देखल गईल बा। इहाँ के खेत के खुदाई के दौरान तलवार अवुरी बंदूक समेत हथियार के भंडार मिलल। जिला प्रशासन एह हथियार के जब्त

Share

 

 

उत्तर प्रदेश के शाहजहांपुर जिला में एगो अजीब मामला देखल गईल बा। इहाँ के खेत के खुदाई के दौरान तलवार अवुरी बंदूक समेत हथियार के भंडार मिलल। जिला प्रशासन एह हथियार के जब्त कs लिहले बा. पीटीआई से बात करत जिला मजिस्ट्रेट धर्मेन्द्र प्रताप सिंह शुक के कहले कि, “निगोही थाना क्षेत्र के ढकिया परवेजपुर निवासी किसान बाबूराम हाल ही में आपन खेत जोतत रहले। एs दौरान उनुका जमीन के भीतर से लोहा के तलवार निहन कुछ मिलल। एकरा बाद जब अउरी खुदाई होला तs जमीन के नीचे दफन कई गो हथियार निकलेला।

खुदाई में खेत से मिलल हथियारन के जखीरा

उs बतवले कि जईसे-जईसे जमीन के खुदाई होखता, ओसही अवुरी हथियार मिलल। खुदाई के दौरान खेत से कुल 23 तलवार, 12 मैचलॉक राइफल के अवशेष, एगो भाला अवुरी एगो खंजर बरामद भईल बा। बता दीं कि खुदाई के दौरान बरामद भईल बंदूक के नाल अवुरी लोहा के टुकड़ा ही बाचल बा। मानल जाता कि माटी में गाड़ला के चलते बंदूक के लकड़ी दीमक खा गईल होई। हालांकि बंदूक के डिजाइन के तरीका के चलते इs मैचलॉक राइफल निहन लागता। जिला मजिस्ट्रेट आगे बतवले कि इs मामला सोझा अईला के बाद संबंधित उपजिला मजिस्ट्रेट के अधिकारी के संगे मौका पs भेजल गईल बा। संगही बरामद हथियार निगोही थाना के गोदाम में राखल बा।

1857 के क्रांति से हथियार के संबंध

उs बतवले कि जिला प्रशासन भी एs संबंध में पुरातत्व विभाग के चिट्ठी लिखले बा। खेत में खुदाई के बाद बरामद हथियार साल 1857 के मानल जाता यानी आजादी के पहिला युद्ध के समय के बुझाता.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.