[the_ad_group id="30365"]

सिर्फ ₹99 में कवनो फिल्‍म! शुक्रवार के बा ‘सिनेमा लवर्स डे’, रिलीज हो रहल बिया मिस्टर एंड मिसेज माही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Cinema Lovers Day : मल्टीप्लेक्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया यानी ( MAI )मंगल के दिने एलान कइलस कि एह साल 31 मई के सिनेमा प्रेमी दिवस मनावल जाई । एह दिन सिनेमा के टिकट के दाम महज 99 रुपिया होखी।

सिनेमा प्रेमी दिवस पर प्रशंसकन के स्पेशल ऑफर मिली

‘सिनेमा प्रेमी दिवस’ बियफे यानी 31 मई के बा।

महज 99 रुपया में फिलिम देखे के मौका मिली!

31 मई के रउरा महज 99 रुपिया खरच कs के कवनो फिलिम देख साकेनी। ई कवनो मजाक ना हs, बाकिर साँच हs। टिकट खिड़की के चमक बढ़ावे खातिर 31 मई के ‘सिनेमा प्रेमी दिवस’ मनावल जा रहल बा। मल्टीप्लेक्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया मंगल के दिने एलान कइलस कि एह साल 31 मई के सिनेमा प्रेमी दिवस मनावल जाई । एमएआई एलान कइलस कि 31 मई के फिल्म प्रेमी देश भर के सिनेमाघरन में महज 99 रुपिया प्रति व्यक्ति एह फिलिम के देख सकेनी ।

मजेदार बात ई बा कि एह घरी जहाँ भैया जी, श्रीकांत आदि सिनेमाघरन में पहिलहीं से मौजूद बाड़ी सँ, शुक के दिने नया फिलिम – मिस्टर एंड मिसेज माही आ छोटा भीम आ दमयन के अभिशाप भी रिलीज हो रहल बा।

 99 रुपया में फिल्म कहाँ देख सकतानी?

एमएआई के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि, सिनेमा प्रेमी दिवस समारोह में भाग लेवे खातीर देश भर में पीवीआर (PVR), आईएनओएक्स(INOX), सिनेपोल्स(CINEPOLLS), मिराज आ डिलाइट समेत चार हजार से जादे स्क्रीन हाथ मिला लेले बाड़े।

रउरा महज 99 रुपिया में राजकुमार-जानवी के ‘मिस्टर एंड मिसेज माही’ देख सकेनी 

जान्हवी कपूर आ राजकुमार राव के प्रतीक्षित फिलिम मिस्टर एंड मिसेज माही रिलीज होखे वाला बा । फिलिम 31 मई के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा । ‘मिस्टर एंड मिसेज माही’ के मिक्सअप वीडियो शेयर करत धर्म प्रोडक्शन के कहना बा कि सिनेमा प्रेमी दिवस पर रउरा महज 99 रुपिया में ‘मिस्टर एंड मिसेज माही’ के टिकट खरीद सकेनी ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]