[the_ad_group id="30365"]

Waqf Board : वक्फ बोर्ड में राम मंदिर चढ़ावा से बड़ घोटाला? मौलाना शहाबुद्दीन रजवी के सीएम योगी से उच्चस्तरीय जांच के मांग

Maulana Shahabuddin Razvi Demands Probe into Waqf Board Irregularities
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरेली। उत्तर प्रदेश के सुन्नी सेंट्रल वक्फ बोर्ड आ शिया वक्फ बोर्ड में कथित अनियमितता आ वक्फ संपत्ति के बिक्री के ममिला एक बेर फेर चरचा में आ गइल बा। ऑल इंडिया मुस्लिम जमात के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना शहाबुद्दीन रजवी बरेलवी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नाम चिट्ठी लिखके पूरा ममिला के निष्पक्ष आ उच्चस्तरीय जांच करावे के मांग कइले बाड़ें। उनक दावा बा कि अगर जांच निष्पक्ष तरीका से होई, तs बड़ स्तर पs अनियमितता सामने आ सकेला।

सीएम योगी के लिखलें चिट्ठी

सोमार के बरेली में आयोजित प्रेस वार्ता में मौलाना शहाबुद्दीन रजवी कहलें कि वक्फ बोर्ड के कामकाज आ संपत्ति प्रबंधन में गंभीर गड़बड़ी भइल बा। उनका मोताबिक, पिछिला सरकारन के कार्यकाल में वक्फ के जमीन आ संपत्ति के इस्तेमाल नियम के खिलाफ कइयन जगहन पs कइल गइल।

मौलाना मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मांग कइले बाड़ें कि पूरा ममिला के उच्चस्तरीय जांच करावल जावs, ताकि सच्चाई जनता के सामने आ सके।

‘राम मंदिर चढ़ावा से बड़ ममिला’

प्रेस वार्ता के दौरान मौलाना रजवी दावा कइलें कि ई ममिला राम मंदिर के चढ़ावा में कथित हेराफेरी से बड़ बा। उनका अनुसार अगर निष्पक्ष जांच करावल जाई तs कइयन गाे अहम तथ्य सामने आ सकत बा आ दोषियन पs सख्त कार्रवाई हो सकेला।

हालांकि, ई बयान मौलाना के आरोप बा, एह संबंध में अब तक जांच एजेंसियन के ओर से कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।

गरीब आ यतीमन खातिर होखे के चाहीं वक्फ के आमदनी

मौलाना कहलें कि वक्फ संपत्ति से होखे वाला आमदनी के इस्तेमाल गरीब, जरूरतमंद, यतीम, शिक्षा आ स्वास्थ्य जइसन जनकल्याणकारी काम खातिर होखे के चाहीं। बाकिर उनकर आरोप बा कि एह धन के सही तरीका से इस्तेमाल ना भइल, जवना से समाज के जरूरतमंद लोगन के नुकसान उठावे के पड़ल।

दोषियन पs कड़ा कार्रवाई के मांग

मौलाना शहाबुद्दीन रजवी मुख्यमंत्री योगी से अपील कइले बाड़ें कि पूरा ममिला के निष्पक्ष जांच करावल जाव आ जे लोग दोषी मिले, ओकरा खिलाफ कानून के मोताबिक कड़ा कार्रवाई कइल जावs।

एह प्रेस वार्ता में हाजी नसीर अहमद नूरी, मुफ्ती फारुख मिस्बाही, हाजी नाजिम बेग, राहत हुसैन मुन्ना, काशिफ खान, डॉ. अनवर रजा कादरी आ हाफिज रजी अहमद सहित कइयन गो लोग मवजूद रहे।

Read Also: IND vs ENG ODI : ‘रोहित, विराट आ बुमराह दुनिया के सबसे महान खिलाड़ी’, बेन डकेट कहलें- टीम इंडिया वनडे में सबसे खतरनाक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]