[the_ad_group id="30365"]

बंगाल-बिहार के बाद झारखंड में हिंसा भड़कल, राम नवमी के जुलूस पे पत्थरबाजी, पुलिस के गाड़ी भी टूट गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बंगाल-बिहार के बाद झारखंड में हिंसा भड़कल, राम नवमी के जुलूस पे पत्थरबाजी, पुलिस के गाड़ी भी टूट गईल

राम नवमी जुलूस पे हिंसा के आग बंगाल अउरी बिहार के बाद झारखंड पहुंचल बा। काल्हु रात बियफे (31 मार्च) के जमशेदपुर के हल्दीपोखर इलाका में राम नवमी जुलूस पर पथराव भइल, पुलिस के गाड़ी टूट गइल| करीब 5 लोग घायल हो गईले। पुलिस के कहना बा कि अब हालात शांतिपूर्ण हो गइल बा |

काल्हु रात (31 मार्च) जमशेदपुर के जुगसलाई इलाका में कुछ लोग राम नवमी जुलूस निकाले के विरोध कइल| एकरा बाद हालात बिगड़ल शुरू हो गईल। जुलूस रोक के खिसिया के लोग बाटा चौक पे हनुमान चालीसा के पाठ करे लगले अउरी रेलवे गेट के ऊपर रेल पुल के जाम क देले। दुनो ओर से भयंकर नाराबाजी भईल।

पुलिस के गाड़ी पे हमला कइल गइल

जुलूस रोक के खिसिया के लोग बाटा चौक पे हनुमान चालीसा के पाठ करे लगले अउरी रेलवे गेट के ऊपर रेल पुल के जाम क देले। दुनो ओर से भयंकर नाराबाजी भईल। भीड़ सड़क पे टायर जरा के पुलिस गाड़ी के तोड़ देले। हिंसा के घटना के बाद मौका पे भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। जमशेदपुर के एसपी, डीएम समेत सभ अधिकारी देर रात तक मौका पे मौजूद रहले अउरी स्थिति के संभालले।

 

कई जगहा हिंसा भड़कल

एकरा अलावे पश्चिम बंगाल के हावड़ा, गुजरात के वडोदरा, महाराष्ट्र के संभाजीनगर अउरी बिहार के सासाराम नालंदा में राम नवमी के मौका पे हिंसक झड़प भईल। एह जगहन पे पत्थरबाजी आ आगजनी के खबर भी मिलल बा। तमाम जगहा सुरक्षा बढ़ावे के संगे-संगे बहुत लोग के गिरफ्तारी भी भईल। हालात सबसे गंभीर रहे पश्चिम बंगाल में। इहाँ गाड़ी के जरा के पत्थरबाजी कईल गईल। कई गो दुकान आ ऑटोरिक्शा के तोड़फोड़ भइल| पुलिस के गाड़ी समेत बहुत कार में आग लगा दिहल गईल।

 

बिहार में भारी हंगामा

बिहार में भी राम नवमी के जुलूस के दौरान बहुत जिला में खूब हंगामा भईल। एहमें अधिकतर उपद्रव सासाराम आ नालंदा में भइल बा| एह दौरान दू समुदाय के लोग एक दोसरा से झड़प हो गइल। पथराव आ फायरिंग के घटना दुनो ओर से भईल बा। बदमाश बहुत गाड़ी अउरी दोकान में आग लगा देले। अभी भी दुनो जिला में स्थिति तनावपूर्ण बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]