पेरिस से भारत लौटली विनेश फोगाट, दंगल गर्ल के दिल्ली एयरपोर्ट पs भइल भव्य स्वागत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 17, 2024

    पेरिस ओलंपिक 2024 में महिला 50 किलोग्राम कुश्ती के स्वर्ण पदक मैच से ठीक पहिले 100 ग्राम अधिका वजन के चलते अयोग्य करार दिहल गइल भारतीय महिला पहलवान विनेश फोगाट आजु सबेरे देश

Share

 

 

पेरिस ओलंपिक 2024 में महिला 50 किलोग्राम कुश्ती के स्वर्ण पदक मैच से ठीक पहिले 100 ग्राम अधिका वजन के चलते अयोग्य करार दिहल गइल भारतीय महिला पहलवान विनेश फोगाट आजु सबेरे देश लवट आइल बाड़ी. विनेश के दिल्ली हवाई अड्डा से बाहर आके ओहिजा आइल प्रशंसकन के गर्मजोशी से स्वागत कइल गइल. स्वर्ण पदक के मैच से ठीक पहिले जब विनेश के अयोग्य करार दिहल गइल तs भारतीय ओलंपिक संघ एकरा पs कड़ा आपत्ति जतवले रहुवे. एह मामिला के बारे में विनेश कोर्ट ऑफ आर्बिट्रेशन फॉर स्पोर्ट्स से साझा रजत पदक देबे के अपील भी कइले रहले बाकिर 14 अगस्त के साँझ के उनुकर याचिका सीएएस खारिज कs दिहलस.

विनेश फोगाट एयरपोर्ट से बाहर अईला के बाद भावुक हो गईले

दिल्ली हवाई अड्डा के बाहर विनेश फोगाट के स्वागत करे खातिर बजरंग पूनिया, साक्षी मलिक आ अउरी कई गो पहलवान भी उहाँ मौजूद रहले। एकरा अलावे विनेश के परिवार के लोग भी मौजूद रहले, जवना में उनुकर भाई हरिंदर पूनिया एएनआई के दिहल बयान में आज कुश्ती अवुरी खेल के शौकीन लोग एयरपोर्ट पs विनेश के स्वागत करे आईल बाड़े। एकरा अलावे विनेश के स्वागत खातीर घर में भी तैयारी चलता। हो सकेला कि ऊ ओलंपिक पदक ना जीत पवली बाकिर हमनी के अउरी मेहनत करब जा जेहसे कि ऊ ओलंपिक स्वर्ण पदक जीत सकस. विनेश जब एयरपोर्ट से बाहर अईले तs प्रशंसक के अतना स्वागत देख के उs आपन लोर ना रोक पवली।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.