विनेश फोगाट कुश्ती से लिहली संन्यास, ट्वीट कs लिखली माँ कुश्ती हमरा से…

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 8, 2024

पेरिस ओलंपिक 2024 में स्वर्ण पदक के मुकाबला से ठीक पहिले 7 अगस्त के भारतीय महिला पहलवान एथलीट विनेश फोगाट के अयोग्य करार कs दिहल गइल रहे. विनेश के वजन मेडल मैच से ठीक पहिले

Share

पेरिस ओलंपिक 2024 में स्वर्ण पदक के मुकाबला से ठीक पहिले 7 अगस्त के भारतीय महिला पहलवान एथलीट विनेश फोगाट के अयोग्य करार कs दिहल गइल रहे. विनेश के वजन मेडल मैच से ठीक पहिले निर्धारित सीमा से 100 ग्राम जादा रहे, जवना के बाद मैच के अधिकारी उनुका के अयोग्य कs देले। विनेश पेरिस ओलंपिक में महिला 50 किलो फ्रीस्टाइल रेसलिंग इवेंट में भाग लेले रहली। एह फैसला के बाद विनेश के भी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। अब ऊ अचानक एगो बड़हन फैसला ले के कुश्ती से संन्यास लेबे के एलान कs के सगरी प्रशंसकन के हैरान कs दिहले बाड़ी.

माँ हमरा से कुश्ती जीत गइल

रिटायरमेंट के एलान करत विनेश फोगाट सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs पोस्ट कईली “अलविदा कुश्ती 2001-2024। रउरा सभे के हम हमेशा ऋणी रहब, माफ करीं।” बता दीं कि विनेश फोगाट एह इवेंट में अपना शानदार प्रदर्शन से पदक इवेंट में आपन जगहा पक्का कs लिहले रहली बाकिर उनुका के अयोग्य करार कs दिहल गइल काहे कि उनुकर वजन महज सौ ग्राम अधिका रहे. विनेश अपना वजन के निर्धारित सीमा ले कम करे के भी बहुत कोशिश कईले रहली, जवना में उs मैच से एक रात पहिले जॉगिंग अवुरी साइकिलिंग ले कईले रहली, बाकिर तबहूँ उनुकर वजन 100 ग्राम जादे रहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.