Gorakhpur University : राजनीति विज्ञान विभाग में “पुरातन छात्र सम्मेलन 2026 में बोलली कुलपति प्रो. पूनम टंडन- पुरातन छात्र संस्थान के ब्रांड एम्बेसडर होला” 

Share

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के राजनीति विज्ञान विभाग में “पुरातन छात्र सम्मेलन 2026” के भव्य आयोजन कइल गइल। एह मवका पs मुख्य अतिथि के रूप में कुलपति प्रो. पूनम टंडन मवजूद रहली।

अपना संबोधन में ऊ कहली कि पुरातन छात्र कवनो संस्थान के असली ब्रांड एम्बेसडर होला लोग आ ओह लोगन के उपलब्धि से विश्वविद्यालय के पहचान मजबूत होला। ऊ सोशल मीडिया के माध्यम से एलुमनी नेटवर्क के मजबूत बनावे पs जोर देली, ताकि देस-बिदेस में फइलल पुरातन छात्र एक मंच पs जुड़ सके आ वर्तमान छात्रन के प्रेरणा मिल सके।

विशिष्ट अतिथि के रूप में प्रकाश मणि त्रिपाठी, जे कि इंदिरा गांधी राष्ट्रीय जनजातीय विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति रहलें, कहलें कि इयाद, अनुभव आ अपनापन के मेल जरूरी बा। अइसन आयोजन से आपसी जुड़ाव आ आत्मविश्वास बढ़ेला।

अध्यक्षीय संबोधन में विभागाध्यक्ष प्रो. रजनीकांत पांडेय कहलें कि सम्मान के भावना कवनो संस्थान के असली पहचान होला आ राजनीति विज्ञान बेहतर इंसान बनावे के विज्ञान हs।

एलुमनी एसोसिएशन के अध्यक्ष प्रो. ममता मणि त्रिपाठी साल में दु बेर अइसन कार्यक्रम करावे के जरूरत बतवली आ डिजिटल संपर्क बढ़ावे के सुझाव देली।

एह सम्मेलन में देस के अलग-अलग हिस्सा से 200 से जादे पुरातन छात्र हिस्सा लिहल लोग। सभे अपना छात्र जिनगी के इयाद साझा कइल आ पुरान दिनन के इयाद कs के भावुक हो गइल।

कार्यक्रम के संचालन सुधीर शुक्ल आ अजय कुमार शुक्ल कइलें, जबकि समन्वयक के भूमिका डॉ. अमित उपाध्याय निभवलें।

एह मवका पs सांस्कृतिक कार्यक्रम आयोजित भइल, जवना में डॉ. अमित कुमार उपाध्याय आ डॉ. मधुसूदन सिंह के भजन प्रस्तुति से माहौल भावुक हो गइल। “ऐसी लगी लगन” एमे खास आकर्षण रहल।

अंत में विभाग के ओर से सब पुरातन छात्रन के स्मृति-चिन्ह देके सम्मानित कइल गइल आ खास उपलब्धि हासिल करे वाला छात्रन के विशेष सम्मान दिहल गइल।

Read Also: 27 अप्रिल 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-