वरुण धवन बनले बाप, पत्नी नताशा दलाल बेटी के जन्म देली, दादा डेविड धवन के खुशी के ठिकाना

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 4, 2024

वरुण धवन आ नताशा दलाल माता-पिता बन गइल बाड़े । नताशा सोमार 3 जून के एगो बेटी के जन्म दिहली। वरुण के पिता आ फिल्म निर्माता डेविड धवन के मुंबई के हिंदुजा अस्पताल के बहरी

Share

वरुण धवन आ नताशा दलाल माता-पिता बन गइल बाड़े । नताशा सोमार 3 जून के एगो बेटी के जन्म दिहली। वरुण के पिता आ फिल्म निर्माता डेविड धवन के मुंबई के हिंदुजा अस्पताल के बहरी देखल गइल आ ए दौरान ऊ उहाँ मौजूद पपराजी के संगे खुशखबरी बतवले। नताशा वरुण के बेटी भइला के बाद जब डेविड वापस घरे जात रहले तs ऊ ए खुशी के मीडिया के सोझा साझा कइले, जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखता।

एह वायरल वीडियो के इंस्टाग्राम अकाउंट वायरल भियानी पर शेयर कइल गइल बा। एह क्लिप के कैप्शन में लिखल बा – बधाई डेविड साहेब दादा बन गइल बाड़न । लक्ष्मी घरे आइल बाड़ी, नताशा एगो बेटी के जनम देले बाड़ी। साथही ई खबर सामने अइला के बाद प्रशंसक भी लगातार वरुण आ नताशा के शुभकामना देत रहले ।

वरुण फरवरी में एकर घोषणा कइले रहले

बता दीं कि ई जोड़ी एह साल फरवरी में गर्भधारण के एलान कइले रहे । अभिनेता अपना इंस्टाग्राम पs एगो मोनोक्रोमैटिक फोटो शेयर कइले रहले, जवना में ऊ अपना पत्नी के बेबी बम्प के चुंबन करत देखाई देत रहले। तस्वीर के संगे-संगे अभिनेता कैप्शन में लिखले कि – वी आर प्रेगनेंट,आपके सब के आशीर्वाद आ प्यार के जरूरत बा। हमार पारिवारिक ताकत।

तीन साल पहिले दुनो लोग के बियाह भइल रहे

वरुण के बियाह तीस साल पहिले 24 जनवरी के अलीबाग के द मैनशन हाउस नाम के एगो रिसॉर्ट में भइल रहे, उनकर एगो निजी शादी भइल रहे, जवना में सिर्फ उनकर परिवार आ कुछ करीबी दोस्त शामिल भइले। बता दीं कि स्कूल के समय से ही दुनो लोग एक दूसरा के डेट करत रहे।

एह फिलिम में वरुण के जल्दिए देखे के मिली

एही बीच काम के बात कईल जाए तs वरुण धवन एक्शन फिल्म बेबी जॉन में देखे जा रहल बाड़े। एह फिल्म में कीर्ति सुरेश उनका संगे देखाई दिहे, जवन कि ए फिल्म के संगे बॉलीवुड में शुरुआत करीहे। एह फिलिम में वामिका गब्बी भी देखे के मिली। एह फिलिम के निर्माता एटली आ निर्देशन ए कालीस्वरन उर्फ कालिस कइले बाड़न । बेबी जॉन के पहिले 31 मई के रिलीज होखे वाला रहे बाकिर अब एकर रिलीज के तारीख टार दिहल गइल बा ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.