[the_ad_group id="30365"]

उपयोगी खबर : मोबाइल पोर्ट आ एनपीएस समेत पांच नियम आज से बदल रहल बा ; पहिले से सतर्क रहे के चाहीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक जुलाई से सिम बदलला के बाद मोबाइल नंबर पोर्ट करे खातीर सात दिन इंतजार करे के होई। दूरसंचार नियामक ट्राई मोबाइल फोन नंबर के माध्यम से धोखाधड़ी रोके खाती ई कदम उठवले बिया।

क्रेडिट कार्ड बिलिंग, मोबाइल पोर्ट आ एनपीएस समेत पांच प्रमुख नियम में एक जुलाई यानी सोमवार से बदलाव होखता। दूरसंचार कंपनी एही महीना से ही मोबाइल पs बात कइल आ इंटरनेट के इस्तेमाल महंगा बना दिहे। एह बदलावन के सीधा असर आम आदमी के जेब पर पड़े वाला बा ।

एक जुलाई से सिम बदलला के बाद मोबाइल नंबर पोर्ट करे खातीर सात दिन इंतजार करे के होई। दूरसंचार नियामक ट्राई मोबाइल फोन नंबर के माध्यम से धोखाधड़ी रोके खातीर ई कदम उठवले बिया। पहिले मोबाइल नंबर पोर्ट करे खातिर 10 दिन इंतजार करे के पड़े। जदी सिम बदले के तारीख से सात दिन खतम होखे से पहिले यूनिक पोर्टिंग कोड (यूपीसी) के निहोरा कइल गइल बा तs ओकरा के आवंटित ना कइल जाई।

क्रेडिट कार्ड के बिलिंग के काम 

क्रेडिट कार्ड से बिल भुगतान से जुड़ल नियम में एक जुलाई से बदलाव भइल बा। एकरा चलते कुछ पेमेंट ऐप के माध्यम से बिजली आ पानी जइसन उपयोगिता बिल के भुगतान में समस्या हो सकता। असल में आरबीआई एक जुलाई से क्रेडिट कार्ड बिल पेमेंट सिस्टम के माध्यम से भुगतान करे के कहले बिया। मतलब कि एक जुलाई से सब बैंक के सिर्फ भारत बिल पेमेंट सिस्टम के माध्यम से बिल के प्रक्रिया करे के होई।

बैंक खाता बंद हो जाई

जदी पंजाब नेशनल बैंक में रउरा खाता बा आ रउरा एकर इस्तेमाल बहुते दिन से नइखीं करत तs एक जुलाई से ई काम ना चली। बैंक अधिसूचना में कहले बा कि 30 अप्रैल 2024 तक तीन साल से जादे समय से चलत खाता अब एक महीना के भीतर बंद हो जाई। ग्राहक के असुविधा से बचावे खातीर बैंक 30 जून 2024 के समय सीमा तय कइले रहे।

एनपीएस : लेनदेन के ओही दिन निपटारा

अब नेशनल पेंशन सिस्टम (एनपीएस) में निपटारा लेनदेन के ओही दिन हो जाई । मतलब कि ओह दिन ओह लोग के मूल्य मिल जाई जवना दिन निवेश होखी। ई एक जुलाई से लागू हो जाई। निवेश सुबह 11 बजे तक ट्रस्टी बैंक में पहुंच गइल तs नेट एसेट वैल्यू यानी एनएवी के ओही दिन के मानल जाई अब तक अगिला दिने होखत रहे|

मोबाइल टैरिफ महंगा हो जाई

जियो, भारती एयरटेल आ वोडाफोन आइडिया जुलाई से मोबाइल पs बात कइल अवुरी इंटरनेट के इस्तेमाल महंगा क देले बिया। जियो अवुरी एयरटेल के मोबाइल रेट 3 जुलाई से महंगा हो जाई। वोडाफोन आइडिया 4 जुलाई से टैरिफ के भी महंगा बना दिही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]