यूरिक एसिड के मरीज भूला के भी ना खाई ई दाल, नाही तs शरीर में जम जाई प्यूरिन के भंडार…

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

  शरीर में यूरिक एसिड बढ़ले पs जोड़न में तकलीफ शुरू हो जाला आ लोग ढंग से उठ बइठ ना पावेला । अगर, आपके यूरिक एसिड बढ़ल बा तs आपके अपने डाइट के बेहतरीन ख्याल

Share

 

शरीर में यूरिक एसिड बढ़ले पs जोड़न में तकलीफ शुरू हो जाला आ लोग ढंग से उठ बइठ ना पावेला । अगर, आपके यूरिक एसिड बढ़ल बा तs आपके अपने डाइट के बेहतरीन ख्याल राखे के चाहि। खास कs के डाइट में दाल के चुनाव सोच समझ‌ के करे के चाहिं। दरअसल, दाल प्रोटीन आ प्यूरिन से भरपूर होला जवन यूरिक एसिड के मरीजन खातिर खतरनाक हो सकेला । खाना में प्यूरिन युक्त चीज़न के सेवन क‌इले से शरीर में यूरिक एसिड बढ़े लागेला । एs लिए रउरा अपने डाइट से ए कुल दाल के तुरंत बाहर के रास्ता दिखाईं.

यूरिक एसिड के मरीज एs दाल के ना करीं सेवन

•काली उड़द दाल: काली उड़द के दाल में भरपूर मात्रा में प्रोटीन आ प्यूरिन पाइल जाला जवन यूरिक एसिड के मरीजन खातिर फायदेमंद ना होला. अगर रउरा यूरिक एसिड के समस्या से ग्रसित बानी तs एs दाल के सेवन ना करीं।

•मसूर दाल: मसूर दाल में अन्य दालन के तुलना में प्यूरीन के मात्रा अधिक होला । हालांकि ई प्रोटीन आ अन्य पोषक तत्व के एगो अच्छा स्रोत हs. बाकिर यूरिक एसिड के समस्या से ग्रसित लोगन के एकर सेवन नाहीं करे के चाहिं।

•सोयाबीन: प्रोटीन से भरपोर सोयाबीन के सेवन क‌इले से सेहत के कई गो फायदा मिलेला। बाकिर नेशनल लाइब्रेरी ऑफ मेडिसिन के रिसर्च से पता चलल कि सोया आ सोया प्रोटीन सीरम यूरिक एसिड के तेजी से बढ़ा सकेला । ओहीँ , टोफू, बीन कर्ड केक यूरिक एसिड में फायदेमंद होला।

•लोबिया: जवन लोगन के यूरिक एसिड बढेला उs लोबिया के सेवन कईले से बचे के चाहि काहेकी एमें भरपूर मात्रा में प्यूरीन होला , जवन यूरिक एसिड के बढ़ाके गाउट कs समस्या पैदा क‌s सकेला ।

•चना दाल: चना के दाल में मौजूद प्रोटीन शरीर के कमजोरी के दूर क‌इले आ हड्डि के मजबूत बनावेला। बाकिर अगर रउरा यूरिक एसिड के मरीज बानी तs ई दाल आपके खातिर जहर समान बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.