[the_ad_group id="30365"]

UPI Payment: गलत नंबर पs जदि हो जाए यूपीआई पेमेंट तऽ तुरंते करी इ काम, वापस मिल जाई पइसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UPI Payment: यूपीआई पेमेंट काफी आसान आ टाइम बचावे वाला बा, हालांकि कय बेरा गलती से कवनो दोसरा नंबर पs पमेंट हो जाला । एकरा के रउवा कइसे वापस ले सकत बानी आइ जाने के।

 

आजकल इ टेक्नोलॉजी के दौर में हर चीज काफी आसान हो गइलऽ बा, फिर चाहे उऽ केहू के पइसा भेजे के हो चाहे केहू से से पैसे लेवे के, चुटकीए में हर काम हो जाला।

यूपीआई के जरिए अब तमाम तरह के पेमेंट हो जलरे, माने चाय की टपरी से लेइsके टीवी के दुकान पs तक रउवा आसानी से पइसा दे सकत बानी ।

काहे की यूपीआई से काफी जल्दी पेमेंट हो जाला, अइसे में कए बेरा देखलऽ जाला कि कवनो गलत नंबर पs पैसे ट्रांसफर हो जाला।

अब जदि कवनो गलत नंबर पs रउवा पइसा ट्रांसफर कर देले बानी तs ओकरा से वापिस मांगलऽ दुस्वार हो जाला, लोग आसानी से वापस ट्रांजेक्शन ना करेले।

 

एह तरे होखला पs सबसे पहिले रउवा अपना यूपीआई ऐप पs जाइ आ उहवाँ कंप्लेंट रेज करी। इहाँ रउवा आपन ट्रांजेक्शन के प्रूफ देवे के होई । जांच के बाद रउवा के राउर पइसा वापस मिल जाई।

रउवा अपना बैंक के ब्रांच चाहे कस्टमर केयर पs फोनो करऽ सकत बानी। इहवों रउवा ट्रांजेक्शन के प्रूफ देवे के होई, रउवा नेशनल पेमेंट कॉरपोरेशन इंडिया यानी NPCI के वेबसाइट पs जाइ के आपन शिकायत दर्ज करा सकत बानी । इहवों से रउवा रिफंड मिलने के चांस बढ़ सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]