लखनऊ में विधानसभा के बाहर शख्स खुद के लगइलस आग, मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

  यूपी के राजधानी लखनऊ से एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो आदमी विधानसभा के बहरी आत्महत्या करे के कोशिश कईले बा। एह दौरान एह व्यक्ति के लगभग 50 प्रतिशत जर गईल।

Share

विधानसभा के बाहर शख्स खुद के लगइलस आग :फोटो

 

यूपी के राजधानी लखनऊ से एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो आदमी विधानसभा के बहरी आत्महत्या करे के कोशिश कईले बा। एह दौरान एह व्यक्ति के लगभग 50 प्रतिशत जर गईल। पुलिस ओह आदमी के अस्पताल में भर्ती करवले बिया. जवना आदमी के पहचान मुन्ना विश्वकर्मा के रूप में भईल बा’

पूरा बात का बा?

आज दुपहरिया करीब 3:15 बजे हजरतगंज थाना क्षेत्र, विधान सभा मार्ग में मुन्ना विश्वकर्मा (उम्र लगभग 40 साल) नाम के एगो व्यक्ति आत्मदाह के प्रयास कईलस। घटना के जानकारी मिलते ही एंटी इमोलेशन दस्ता तुरंत कार्रवाई कs के सिविल अस्पताल ले गईल, जहां उनुकर इलाज चलता। शुरुआती जांच में लगभग 50 प्रतिशत जरे के पुष्टि भईल बा।

मुन्ना विश्वकर्मा के बंगाल टेंट हाउस के रंजीत चक्रवर्ती से पईसा के लेनदेन के लेके विवाद रहे, जवना के चलते उs इs कदम उठवले। आरोपी के हिरासत में लिहल गईल बा। आलमबाग थाना के ओर से जांच अवुरी आगे के कानूनी कार्रवाई जारी बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.