[the_ad_group id="30365"]

UP News : 26 से 35 साल के जुवा क्रिप्टो में सबसे आगे, यूपी बनल नंबर वन- क्वाइन स्वीच रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। क्रिप्टोकरेंसी में निवेश करे वाला में 26 से 35 साल के जुवा सबसे आगे बाड़ें। क्वाइन स्वीच के ताजा रिपोर्ट के अनुसार, एह उमिर वर्ग के हिस्सा करीब 48 प्रतिशत बा। हालांकि 35 से 55 साल के निवेशकन के संख्या तेजी से बढ़त जा रहल बा। ई लोग सुरक्षित जगह पs निवेश कइला के बाद मुनाफा के पईसा क्रिप्टो में लगा रहल बा।

रिपोर्ट के मोताबिक, उत्तर प्रदेश क्रिप्टो निवेश के ममिला में देस में सबसे आगे बा। यूपी के हिस्सा 12.9 प्रतिशत बा, जबकि महाराष्ट्र 12.3 प्रतिशत के संगे दूसरा नंबर पs बा।

क्रिप्टो बाजार हो रहल बा परिपक्व

रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि भारत में क्रिप्टो बाजार अब धीरे-धीरे परिपक्व हो रहल बा। जुवा निवेशक जहां जादे रिस्क लेके नया-नया प्रयोग कs रहल बा लोग, ओहिजा 35 साल से ऊपर के निवेशक सोच-समझ के लमहर समय खातिर पईसा लगा रहल बा। एह वर्ग के लोग इस्थिर रिटर्न आ नियम के स्पष्टता देख के निवेश करेला।

डिप बाइंग के बढ़त ट्रेंड

विशेषज्ञन के मानल जावs तs अब बाजार में डिप बाइंग माने कीमत गिरला पs खरीदारी करे के चलन बढ़ रहल बा। लोग अब जल्दीबाजी में फैसला ना लेके, प्लानिंग के संगे लमहर समय खातिर निवेश करत बा।

बिटकॉइन अबहियों सबसे भरोसेमंद

क्रिप्टो एसेट में बिटकॉइन अभियो सबसे भरोसेमंद मानल जा रहल बा। कुल निवेश में एकर हिस्सा करीब 9.2 प्रतिशत बा। एकरा अलावे डोजवाइन (6 प्रतिशत) आ शीबा इनु (4.4 प्रतिशत) जइसन मीम कॉइन निवेशकन के पोर्टफोलियो में जगह बना लेले बा।

रिपोर्ट में इहो सामने आइल बा कि अब निवेशक ब्लू-चिप, मिड आ स्मॉल कैप एसेट के संतुलित पोर्टफोलियो बना रहल बा लोग। संगही लमहर समय के सोच के संगे निवेश करे के प्रवृत्ति तेजी से बढ़ रहल बा।

Read Also: Delhi Airport Accident : टेकऑफ के दौरान स्विस एयर विमान के इंजन में लागल आग, 6 यात्री घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]