[the_ad_group id="30365"]

Delhi Airport Accident : टेकऑफ के दौरान स्विस एयर विमान के इंजन में लागल आग, 6 यात्री घायल

Swiss Air Engine Fire at Delhi IGI Airport During Takeoff
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली। इंदिरा गांधी अंतराष्ट्रीय हवाई अड्‌डा पs एगो बड़ हादसा होत-होत बच गइल, जब स्विस एयर के फ्लाइट LX-147 के टेकऑफ के दौरान इंजन में अचानक खराबी आ गइल आ आग लाग गइल। एह घटना में करीब छव गो यात्री हल्का रूप से घायल हो गइल लोग, बाकिर पायलट आ ग्राउंड स्टाफ के तत्परता से बड़ हादसा टल गइल।

जानकारी के मोताबिक, ई विमान दिल्ली से ज्यूरिख जाये खातिर उड़ान भरे वाला रहे। जइसही जहाज रनवे पs स्पीड पकड़त रहे, ओही दौरान इंजन से अजीब आवाज आवे लागल आ देखते-देखत आग के लपट निकले लागल। इस्थिति के गंभीरता समझत पायलट तुरंत टेकऑफ रोक देलें आ एयर ट्रैफिक कंट्रोल के सूचना देलें।

एह बीच एयरपोर्ट पs मवजूद दमकल विभाग आ आपातकालीन टीम तुरंत हरकत में आ गइल। कुछ मिनट में आग पs काबू पा लिहल गइल आ विमान के सुरक्षित जगह पs ले जाइल गइल। जहाज में करीब 232 यात्री सवार रहे लोग।

यात्रियन में मचल अफरा-तफरी

घटना के बाद विमान के अंदर अफरा-तफरी मच गइल। धुआं भर गइला के चलते लोग घबरा गइल, बाकिर क्रू मेंबर सूझबूझ से काम लेत सब केहू के शांत रखलस आ सुरक्षित बाहर निकललस। घायल छव यात्रियन के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां ओह लोगन के प्राथमिक इलाज दिहल जा रहल बा। सब केहू के हालत फिलहाल इस्थिर बतावल जा रहल बा।

तकनीकी खराबी के शक

एयरपोर्ट अधिकारी बतवलें कि सब यात्री आ क्रू मेंबर सुरक्षित बा लोग। घटना के बाद कुछ समय खातिर रनवे संचालन प्रभावित रहे, बाकिर बाद में सब कुछ सामान्य हो गइल। विमानन कंपनी आ संबंधित एजेंसी जांच सुरू कs देले बिया। सुरुआती जांच में इंजन के तकनीकी खराबी आग लागे के कारण मानल जा रहल बा।

विशेषज्ञ टीम अब ब्लैक बॉक्स आ बाकी तकनीकी पहलूअन के जांच कs रहल बा, ताकि हादसा के सही वजह सामने आ सके।

Read Also: Gorakhpur University : गोरखपुर विश्वविद्यालय में यूजी-पीजी दाखिला प्रक्रिया सुरू, 77 कोर्स में 12 हजार सीटन खातिर होई एडमिशन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]