[the_ad_group id="30365"]

यूपी हड़ताल : यूपी में बिजली कर्मचारी के हड़ताल शुरू, सरकार के कहनाम बा कि – सख्ती से निपटल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी हड़ताल : यूपी में बिजली कर्मचारी के हड़ताल शुरू, सरकार के कहनाम बा कि – सख्ती से निपटल जाई

सरकार से 3 दिसंबर के भईल समझौता के लागू करे के मांग करत कर्मचारि धमकी देले बाड़े कि जदी कवनो हड़ताली के गिरफ्तार चाहे परेशान कईल जाता त अनिश्चित काल तक हड़ताल क देवे के|

उत्तर प्रदेश के बिजली कर्मचारी गुरुवार के रात से 72 घंटा के हड़ताल शुरू क देले बान| दूसर ओर सरकार चेतवले बिया कि हड़ताली बिजली कर्मचारि से कड़ाई से निपटी आ बिजली प्रणाली में गड़बड़ी में शामिल पावल गइला पे राष्ट्रीय सुरक्षा अधिनियम (एनएसए) के तहत मामला दर्ज करावल जाई। सरकार से 3 दिसंबर के भईल समझौता के लागू करे के मांग करत मजदूर धमकी देले बाड़े कि जदी कवनो हड़ताली के गिरफ्तार चाहे परेशान कईल जाता त अनिश्चित काल तक हड़ताल क देब। अधिकारी बतवले कि बिजली आपूर्ति के फेर से पटरी पे राखे खातीr सभ वैकल्पिक व्यवस्था कईल गईल बा।

 

सरकार कड़ाई से निपटी

यूपी विद्युत कर्मचारी संयुक्त संघर्ष समिति के नेता लोग के हड़ताल के आह्वान वापस लेबे खातिर मनावे के आखिरी कोशिश के बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री ए. शर्मा मान लिहलन कि बातचीत नाकाम हो गइल बा| उ कहले कि सरकार 3 दिसंबर के समझौता के अधिकांश बिन्दु के लागू करे पे विचार करे खातीर तैयार बिया। शर्मा आगे कहले कि अभी तक बातचीत के दरवाजा खुलल बा, लेकिन जदी हड़ताली गड़बड़ी में लिप्त पावल गईल त सरकार एकरा से कड़ाई से निपटी। उ बतवले कि जब गर्मी के मौसम में लोग के बिजली आपूर्ति के बिना रुकावट के जरूरत होला, तब कर्मचारी हड़ताल करे के फैसला कईले बाड़े।

उ कहले कि एनटीपीसी अउरी निजी बिजली संयंत्र के कर्मचारी के थर्मल प्लांट चलावे के कहल गईल बा, जबकि सिंचाई, पीडब्ल्यूडी, नगर निगम जईसन विभाग के बिजली विंग के कर्मचारी बिजली वितरण के देखभाल करीहे अउरी इंजीनियरिंग कॉलेज के छात्र के भी योगदान होई | दूसर ओर संघर्ष समिति के संयोजक शैलेन्द्र दुबे आरोप लगवले कि यूपीपीसीएल के शीर्ष प्रबंधन के जिद्द के चलते कर्मचारी पे हड़ताल थोपल गईल बा, काहेंकी सरकार 3 दिसंबर के समझौता के लागू ना क सकल।

 

 72 घंटा के हड़ताल

उ कहले कि, हमनी के हड़ताल मात्र 72 घंटा खातीर बा अउरी सरकार ए समय के इस्तेमाल समझौता के लागू करे में क सकता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]