उन्नाव में गाय के हत्यारा महताब आलम के पुलिस गोली मरलस, CM योगी के निर्देश के बाद पूरा प्रदेश में सख्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

    सीएम योगी के कड़ा निर्देश के पालन करत यूपी में गाय हत्यारा के मामिला में पुलिस अलर्ट मोड में आके तेजी से कार्रवाई करतिया। ताजा मामिला उन्नाव के बा, जहां गाय हत्या के

Share

CM योगी के निर्देश के बाद पूरा प्रदेश में सख्ती: फोटो

 

 

सीएम योगी के कड़ा निर्देश के पालन करत यूपी में गाय हत्यारा के मामिला में पुलिस अलर्ट मोड में आके तेजी से कार्रवाई करतिया। ताजा मामिला उन्नाव के बा, जहां गाय हत्या के आरोपी के पुलिस गोली मार देले बिया।

पूरा मामिला का बा?

उन्नाव में गाय के हत्त्या अवुरी शव फेंके के मामला में उन्नाव पुलिस एगो आरोपी के गोड़ में गोली मार देले बिया। अन्हार के फायदा उठावत आरोपी के एगो साथी भाग गईल। गोली मारल गईल आरोपी के पहचान गाय मारे करेवाला महताब आलम कुरैशी के रूप में भईल बा। पुलिस आरोपी के अस्पताल में भर्ती करवले बिया।

पूरा मामला पछिला सुक के सदर कोतवाली इलाका के अनवर नगर इलाका अवुरी कृष्णनगर इलाका के बीच गाय हत्त्या के बा। एह इलाका में हत्त्या के सबूत मिलल। पुलिस के जांच के दौरान गाय के कटल अंग अवुरी खून मिलल अवुरी एकरा के पेड़ से बांधल मोट रस्सी भी मिलल.

इs जानकारी मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के गाय हत्त्या के जांच शुरू कs देलस। हालांकि इलाका में रहे वाला आम लोग पुलिस पs आरोप लगवले रहे कि इलाका में रहेवाला गाय के मारल जाता, जवना के बारे में उs लोग एक दिन पहिले पुलिस के सूचना देले रहले, बाकिर जानकारी मिलते पुलिस गाय के अवशेष के माटी मे दबा दिहले आ मामला के भी दबा दिहले ।

हालांकि एs मामला पs जब बवाल मचल तs एs घटना के जानकारी मिलला पz एरिया ऑफिसर सोनम सिंह मौका के निरीक्षण कs अनजान लोग के खिलाफ मामला दर्ज करवली। जांच में गाय हत्या के पुष्टि भईल बा। जेकरा बाद पुलिस एक्शन मोड में आके देर रात हत्या के घटना में शामिल आरोपी के गोड़ में गोली मार देले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.