चल रहल बा यूपी के 54 सीट पs वोटिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2022

पूर्वांचल में 9 जिला के 54 विधानसभा में वोट डारल जा रहल बा। 11 बजे ले 17.85% वोटिंग भइल रहल ह। वाराणसी में केसलारपुर में कमल निशान अउर मंतरी अनिल राजभर के फोटो लागल मतदाता

Share

पूर्वांचल में 9 जिला के 54 विधानसभा में वोट डारल जा रहल बा। 11 बजे ले 17.85% वोटिंग भइल रहल ह। वाराणसी में केसलारपुर में कमल निशान अउर मंतरी अनिल राजभर के फोटो लागल मतदाता पर्ची बटले पs हंगामा हो गइल। बसपा समर्थक लोग विरोध कइल त पुलिस ओ सभन के खदेर देहलस। सपा एह मामिला में चुनाव आयोग से सिकायत कइले बिया। बनारसे में मंतरी रविंदर जयसवाल वोट डारे पहुंचलें त उनके 30 मिनट ले अगोरे के पड़ल।

ऊ आरोप लगवने कि मतदान कर्मी वोटर्स के वोट डरले से रोक रहल बानें। एकर शिकायत ऊ डीएम से कइनें। उहवें, किसान नेता योगेंद्र यादव, रिटायर्ड आईएएस सूर्य प्रताप सिंह सोशल मीडिया पs एगो फोटो ट्वीट कके लिखनें कि वाराणसी में चुनाव ड्यूटी में गुजरात पुलिस के लगावल गइल बा। हालांकि, डीएम ट्वीट कके कहनें कि अफवाह मत फइलाईं जा। वाराणसी में गुजरात पुलिस के ड्यूटी नाइ लागल बा|

 

साभार – दैनिक भास्कर 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.