Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चल रहल बा यूपी के 54 सीट पs वोटिंग

बनारस में मंतरी के फोटो लागल पर्ची मिलले पs हंगामा, मंत्री रविंदर जयसवाल के आरोप- मतदान कर्मी वोटर्स के वोट डलले से रोक रहल बानें

213

पूर्वांचल में 9 जिला के 54 विधानसभा में वोट डारल जा रहल बा। 11 बजे ले 17.85% वोटिंग भइल रहल ह। वाराणसी में केसलारपुर में कमल निशान अउर मंतरी अनिल राजभर के फोटो लागल मतदाता पर्ची बटले पs हंगामा हो गइल। बसपा समर्थक लोग विरोध कइल त पुलिस ओ सभन के खदेर देहलस। सपा एह मामिला में चुनाव आयोग से सिकायत कइले बिया। बनारसे में मंतरी रविंदर जयसवाल वोट डारे पहुंचलें त उनके 30 मिनट ले अगोरे के पड़ल।

ऊ आरोप लगवने कि मतदान कर्मी वोटर्स के वोट डरले से रोक रहल बानें। एकर शिकायत ऊ डीएम से कइनें। उहवें, किसान नेता योगेंद्र यादव, रिटायर्ड आईएएस सूर्य प्रताप सिंह सोशल मीडिया पs एगो फोटो ट्वीट कके लिखनें कि वाराणसी में चुनाव ड्यूटी में गुजरात पुलिस के लगावल गइल बा। हालांकि, डीएम ट्वीट कके कहनें कि अफवाह मत फइलाईं जा। वाराणसी में गुजरात पुलिस के ड्यूटी नाइ लागल बा|

 

साभार – दैनिक भास्कर 

225240cookie-checkचल रहल बा यूपी के 54 सीट पs वोटिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.