[the_ad_group id="30365"]

UP गठबंधन में दारार ? 10 दिन पहिलहीं खत्म हो रहल बा ‘भारत जोड़ो’ न्याय यात्रा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lok Sabha Election 2024 लोकसभा चुनाव में विपक्षी गठबंधन I.N.D.I.A में बनत – बिगड़त समीकरन के बीच राहुल गांधी के न्याय यात्रा के रूटो बदल गइल बा। पार्टी से मिलल सूत्र के कहनाम बा कि अब यात्रा लखनऊ से उन्नाव कानपुर आ हमीरपुर होत झांसी ले जाए के तइयारी बा। 21 फरवरी के यात्रा झांसी से मध्य प्रदेश के सीमा में प्रवेश कऽ जाईं।

लोकसभा चुनाव में विपक्षी गठबंधन I.N.D.I.A में बनत बिगड़त समीकरन के जइसे प्रदेश में राहुल गांधी के भारत जोड़ो न्याय यात्रा के रूटो एने से ओने हो रहल बा। राहुल गांधी के यात्रा अब प्रदेश में छवे दिन रहीं। यात्रा 16 फरवरी के चंदौली से प्रवेश करी आ 21 फरवरी तक चलीं। पदाधिकारियन के यात्रा के रूट में भइल बदलाव के चलते नया सिरा से तइयारी के निर्देश दिहल गइल बा। ए निर्णय के पीछे पार्टी के नेता लो पऽ प्रबंधन के लेके सवालो उठ रहल बा।

पहिले यात्रा के रूट ई रहें 

यात्रा के पक्का तइयारी से पहिलहीं ओकर रूट घोषित करऽ दिहल गइल रहे। यात्रा के पहिले 14 फरवरी के चंदौली से प्रदेश के सीमा में प्रवेश करे के रहे आ 11 दिन में 20 जिला के सफर तय करें के रहे। यात्रा चंदौली से वाराणसी, भदोही, प्रयागराज, प्रतापगढ़, अमेठी, रायबरेली, लखनऊ, सीतापुर, लखीमपुर खीरी, शाहजहांपुर, बरेली, रामपुर, मुरादाबाद, अमरोहा, संभल, बुलंदशहर, अलीगढ़, हाथरस होत आगरा से राजस्थान जाए के रहे।

अजय राय दिहऽले ई तर्क

प्रदेश अध्यक्ष अजय राय के कहनाम बा कि 22 फरवरी से बोर्ड परीक्षा के शुरुआत हो रहल बा। एही चलते ई फैसला कइल गइल हऽ। तर्क बा कि परीक्षा शुरू भइला से यात्रा के रूट में पड़े वाला स्कूल-कॉलेजों में रुके के प्रबंध नइखे हो पावत। कुछ जगह मिलियो रहल बा, तऽ उऽ यात्रा के रूट से दूर बा।

21 तले प्रदेश में रहिहें राहुल गांधी

अजय राय के कहनाम बा कि यात्रा 21 फरवरीए तक प्रदेश में रहीं। अबहीं यात्रा के चंदौली से प्रवेश कऽ के वाराणसी, भदोही, प्रयागराज, प्रतापगढ़ होत अमेठी आ रायबरेली तक के रूट फाइनल भइल बा। आगे के रूट के लेके निर्णय नइखे भइल। प्रदेश में यात्रा के संयोजक पूर्व सांसद पीएल पुनिया के बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]