सीएम योगी के चेतावनी, ‘बेटियन के सुरक्षा से खिलवाड़ भइल तs अगिला चौराहा पs यमराज खड़ा मिली’

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2024

  उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ महिला सुरक्षा के लेके एगो बड़ बयान देले बाड़े। मुजफ्फरनगर में एगो कार्यक्रम के दौरान सीएम योगी बियफ़ें के कहले कि राज्य में बेटी के सुरक्षा के संगे

Share

 

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ महिला सुरक्षा के लेके एगो बड़ बयान देले बाड़े। मुजफ्फरनगर में एगो कार्यक्रम के दौरान सीएम योगी बियफ़ें के कहले कि राज्य में बेटी के सुरक्षा के संगे खेलेवाला लोग से कड़ाई से निपटल जाई। सीएम योगी अपराधियन के चेतवले कि अगर केहु बेटी के सुरक्षा के संगे खेले तs अगिला चौराहा पs यमराज खड़ा मिल जाई।

सीएम योगी अपराधियन के दिहले चेतावनी

योगी आदित्यनाथ कहले कि अगर बहिन-बेटी असुरक्षित बाड़ी तs समाज के भविष्य अंधकारमय हो जाई। योगी कहले कि हमनी के सत्ता में आईल बानी जा ताकि बेटी सुरक्षित रहस अवुरी व्यापारी के सम्मान होखे। उs कहले कि व्यापारी के इज्जत के संगे खेलल बर्दाश्त ना होई।

अपराधी के पहिलही चेता देले बाड़े

बता दीं कि एकरा से पहिले भी सीएम योगी अपराधियन के कई बेर अयीसन चेतावनी देले बाड़े। सीएम योगी साफ-साफ कहतारे कि जदी केहु नारी-बेटी के संगे कवनो गलत काम करी तs ओकरा के ना छोड़ल जाई। पुलिस ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कs सकेले।

प्रदेश हो चुकल बा दंगा मुक्तः योगी

अपना संबोधन के शुरुआत में सीएम योगी पूर्व पीएम अवुरी भारत रत्न चौधरी चरण सिंह के प्रणाम करत कहले कि मुजफ्फरनगर में सैकड़ों करोड़ रुपिया के परियोजना मिलता। खासकर मीरापुर विधानसभा क्षेत्र के एकर सबसे जादा फायदा मिले वाला बा। मुजफ्फरनगर उहे जगह हs जवन 10 साल पहिले दंगा में डूबल रहे। आजु ई दंगा मुक्त बा आ एहिजा काँवर यात्रा के शुरुआत बहुते धूमधाम से होखत बा. इहाँ के नया पहचान विकास, सुरक्षा, युवा लोग खातिर रोजगार आ सरकारी नौकरी के रूप में बनावल जा रहल बा। राज्य सरकार मवाना चीनी मिल के विस्तार करे जा रहल बिया। सरकार एकरा खातिर ठोस कार्य योजना बना के आगे बढ़ रहल बिया।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.