[the_ad_group id="30365"]

UP: मुख्यमंत्री योगी कहले – पुलिस के आधुनिकीकरण ना भइल तs कानून के राज खतरा में पड़ जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि समय के संगे पुलिस बल के आधुनिक बनावल जरूरी बा। जदी अइसन ना भइल तs कानून के राज खतरा में पड़ जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि, जदी आधुनिकीकरण ना भइल तs पुलिस बल पिछड़ जाई। जवना के खतरनाक असर कानून के राज पs पड़ी। हमनी के डीजी सम्मेलन में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिहल स्मार्ट पुलिसिंग के सिद्धांत के पालन करे के होई। पुलिस के आधुनिक मोबाइल होखे के होई।

रउरा सतर्क के साथे-साथे जवाबदेह, भरोसेमंद के साथे-साथे जिम्मेदार, टेक्नोसेवी के साथे-साथे शारीरिक रूप से प्रशिक्षित होखे के पड़ी। योगी गुरुवार के अपना आधिकारिक आवास पs एलिवेटेड पीआरवी के फ्लैग ऑफ आ यूपी 112 के दूसरा चरण के तहत ट्रैफिक कर्मी के एसी हेलमेट बांटे के कार्यक्रम के संबोधित करत रहले।

ऊ पुलिस बल के तारीफ करत कहले कि सात साल में राज्य पुलिस देश में आपन नाया पहचान स्थापित कs लेले बिया। यूपी के भी नया पहचान दिहल गइल बा। दुनिया पछिला सात साल में राज्य में स्थापित कानून के राज के देखतिया। एहसे पुलिस के इज्जत बढ़ल बा।

निवेश आ व्यापार के नया संभावना खोले आ विकास आ रोजगार के नया ऊंचाई पर चहुँपे में मदद कइले बा । कानून के राज के स्थापना के संगे यूपी देश के दूसरा सबसे बड़ अर्थव्यवस्था के रूप में उभरल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]