[the_ad_group id="30365"]

Dhurandar Worldwide Collection : ‘धुरंधर’ के सामने झुक गइल ‘पुष्पा’, 8वां दिन रिकॉर्डतोड़ कमाई से मचवलस धमाल

Ranveer Singh starrer Dhurandhar movie achieving record breaking worldwide box office collection
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। रणवीर सिंह, अक्षय खन्ना आ संजय दत्त स्टारर सनीमा ‘धुरंधर’ एक के बाद एक सफलता के सीढ़ी चढ़त जा रहल बिया। आदित्य धर के निर्देशन में बनल ई स्पाई थ्रिलर सनीमा जइसे इंडियन बॉक्स ऑफिस पs तेज रफ्तार से दउड़ रहल बा, ओहसही दुगुना तेजी से ई सनीमा ग्लोबल लेवल पs कमाई करत बिया।

देखते-देखते वर्ल्डवाइड बॉक्स ऑफिस पs 300 करोड़ के आंकड़ा पार करे वाली ई सनीमा मात्र 8 दिन में 400 करोड़ के बहुते नजदीक पहुंच गइल बिया। एतनही ना, धुरंधर मोट कमाई करत अल्लू अर्जुन के सुपरहिट सनीमा ‘पुष्पा: द राइज’ के बॉक्स ऑफिस के रिकॉर्ड तुड़ देलें। सुक के दिन सनीमा केतना कमाई कइलस, आईं एकर आंकड़ा देखल जावs…

‘धुरंधर’ तुड़ देलस ‘पुष्पा: द राइज’ के रिकॉर्ड

अल्लू अर्जुन के 2021 में रिलीज भइल सनीमा ‘पुष्पा: द राइज’ इंडियन सिनेमा के सबसे जादे कमाई करे वाली सनीमा में गिनल जात रहे, बाकिर अब पांच ‘धुरंधर’ मिलके ओकर लाइफटाइम कलेक्शन के रिकॉर्ड ध्वस्त कs दिहल।

32 करोड़ से वर्ल्डवाइड बॉक्स ऑफिस पs सुरुआत करे वाली धुरंधर खाली 1 हफ्ता में 306.25 करोड़ के कलेक्शन कs लेलस। अब सुक के बॉक्स ऑफिस नंबर सामने आ गइल बा, जवना के देखके फैंस लोग दंग रह गइल।

सैकनलिक डॉट कॉम के रिपोर्ट मोताबिक, सनीमा मात्र 8 दिन में ग्लोबल बॉक्स ऑफिस पs 357.25 करोड़ कमा लेलस। एकरा संगही धुरंधर, 350–360 करोड़ वर्ल्डवाइड कलेक्शन करे वाली ‘पुष्पा: द राइज’ के रिकॉर्ड तुड़ देलस। जवन कमाई धुरंधर 8 दिन में कइलस, ओतना कमाई पुष्पा के 50 दिन लागल रहे।

बिदेसन में जमके नोट छाप रहल बा ‘धुरंधर’

जदि खाली सुक के दुनियाभर के कलेक्शन के बात कइल जावs, तs सनीमा एके दिन में करीब 51 करोड़ के बिजनेस कइलस। भारत आ बिदेस दुनो जगह सनीमा धूम मचावत बा।

जदि अमेरिका आ ऑस्ट्रेलिया जइसन बिदेसी बाजारन के देखल जाव, तs ओवरसीज मार्केट में धुरंधर 8 दिन में करीब 70 करोड़ कमा लेलस। गल्फ देसन में बैन रहला के बादो धुरंधर के कमाई बॉक्स ऑफिस पs रोकल नामुमकिन हो गइल बा।

357 करोड़ कमा चुकल एह सनीमा के अब 400 करोड़ क्लब में सामिल होखे खातिर खाली 43 करोड़ आउर कमाई करे के बा। सनीमा आपन 250 करोड़ के बजट पूरा वसूल कs चुकल बिया।

Read Also: Canada Gangwar : ट्रक ड्राइवरन के बीच गोलीबारी, भारतीय मूल के तीन गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]