[the_ad_group id="30365"]

CENSUS IN UP : जे जहां पs रह रहल बा, उ उहवें गिनल जाई, 1 फरवरी 2027 से 28 फरवरी के अवधि में होई गिनती

Census in up
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। प्रदेश के जिला जनगणना आ चार्ज अधिकारियन को वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से प्रशिक्षण दिहल गइल। ओह लोगन के बतावल गइल कि 1 फरवरी 2027 से 28 फरवरी 2027 के अवधि में जे जहां होई, ओहिजा ओकर गिनती (CENSUS IN UP) कइल जाई।

जनगणना निदेशालय आ राजस्व परिषद संयुक्त रूप से ई ट्रेनिंग देलस। अधिकारियन के संबंधित नियमन से अवगत करावल गइल। इहां बता दीं कि सब एडीएम (वित्त) के जिला जनगणना अधिकारी बनावाल गइल बा। ग्रामीण क्षेत्रन में तहसीलदार आ शहरी क्षेत्रों में अधिशासी अधिकारी (ईओ) जनगणना चार्ज अधिकारी बनावल गइल बा।

यूपी में 31 दिसंबर तक सब परिवारन के चिह्नांकन कइल जाई। जनगणना कर्मियन के ड्यूटी के तब तक अंतिम रूप दे दिहल जाई। जे जेल में बा, ओकरा के जेल में गिनल जाई आ जे मानसिक अस्पताल में बा, ओकरा के अस्पताल में गिनल जाई। गणना करे वाला कर्मी हर गांव आ मोहल्ला में जाई लो। निदेशक (जनगणना) शीतल वर्मा आ राजस्व परिषद के विशेष कार्याधिकारी राजकुमार द्विवेदी प्रशिक्षण कार्यक्रम में मास्टर ट्रेनर के भूमिका निभावल लो।

CENSUS IN UP : नगर निगम में आयुक्त होइ लो नोडल

जिलों में जनगणना के खातिर डीएम नोडल बनावल गइल बा लो। जबकि, नगर निगम क्षेत्रन में ई जिम्मेदारी नगर आयुक्तन के होई। जहां नगर निगम नइखे, ओह जिलन में डीएम शहरी आ ग्रामीण क्षेत्रन खातिर जनगणना ला नोडल अफसर होई लो।

Read Also: UP IAS Transfer : गोरखपुर, बहराइच, गोंडा समेत 10 जिलन के डीएम बदलल गइल लो, देखीं अफसरन के नया तैनाती

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]