[the_ad_group id="30365"]

Infiltrators Biometric Profiling :उत्तर प्रदेश में घुसपैठियन के बनी बायोमेट्रिक प्रोफाइल, डिटेंशन सेंटर में योगी सरकार कइलस ई बेवस्था 

UP News: सीएम योगी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। आंतरिक सुरक्षा के खातिर बड़ खतरा बन चुकल रोहिंग्या आ बांग्लादेशी घुसपैठियन के धरपकड़ तेज करे के संगही ओकनी के पहचान आ निगरानी के विस्तृत कार्ययोजना के अंतिम रूप दिहल जा रहल बा।

सूत्रन के कहनाम बा कि डिटेंशन सेंटर में रखल जाये वाला घुसपैठियन के बायोमेट्रिक प्रोफाइल तइयार कइल जाई। उनका अंगुरी के निशान, आइरिस, चेहरा के बनावट के संगही पहचान से जुड़ल आउर जानकारी के सुरक्षित कइल जाई। संदिग्धन के सूची तइयार कइल जाई, जवना के निगेटिव लिस्ट के नाम से जानल जाई।

कवनो घुसपैठिया एक बेर खदेड़ल गइला के बाद दोबारा ना घुस सके, एकरा के ध्यान में रख के पुलिस प्रशासन आपन तइयारी करत बिया। बायोमेट्रिक प्रोफाइल होखला से ओकनी के भविष्य में आसानी से पहचान कइल जा सकी। संदिग्धन के सूची दूसरका राज्य के पुलिस के संगे साझा कइल जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ डिटेंशन सेंटर में सुरक्षा के पुख्ता प्रबंध खातिर अत्याधुनिक तकनीक के उपयोग कइल जाये के निरदेस दिहल गइल बा। डिटेंशन सेंटर में घुसपैठियन के पूरा ब्योरा रखल जाई। डिटेंशन सेंटर में कइयन स्तर पs सुरक्षा घेरा बना के जाये के संगही उहां आये-जाये वाला के निगरानी के खातिर अत्याधुनिक सीसीटीवी कैमरा लागी।

घुसपैठियन के चिह्नित होखे से बड़ संख्या में सरकारी योजना के लाभ लेत रहल अपात्रन पs नकेल कसल जा सकी। संगही कानून- बेवस्था पs सीधा असर पड़ी। एगो अधिकारी के अनुसार बड़ संख्या में घुसपैठिया तस्करी आ आपराधिक गतिविधि में लिप्त बाड़ें सs। अलग-अलग जिला में जांच के दौरान अइसन तथ्य सामने आ रहल बा। अपराध में लिप्त कइयन गो घुसपैठियन के पहिलही पकड़ल जा चुकल बा।

Read Also: Bihar Crime : समस्तीपुर डबल मर्डर के खुलासा, बाप-बेटा आ शूटर सहित चार गिरफ्तार; पिस्टल आ बाइक बरामद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]