[the_ad_group id="30365"]

Bihar Crime : समस्तीपुर डबल मर्डर के खुलासा, बाप-बेटा आ शूटर सहित चार गिरफ्तार; पिस्टल आ बाइक बरामद

Samastipur double murder case accused arrested by police with recovered weapons and bikes
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समस्तीपुर। जिला में प्रॉपर्टी डीलर आ टोटो चालक के चर्चित डबल मर्डर के परदा आखिरकार उठ गइल। पुलिस आ एसटीएफ के संयुक्त टीम एह ममिला में बड़ सफलता हासिल करत चार गो आरोपियन के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार लोगन में नगर थाना क्षेत्र के गुदरी बाजार निवासी सुधीर मधान, ओकर बेटा अमन मधान, कल्याणपुर थाना क्षेत्र के शूटर आशुतोष कुमार आ बाइक चालक अपराधी फूलबाबू राम सामिल बा। पुलिस एकरा लगे से एगो पिस्टल, दुगो देसी कट्टा, 9 गो जिंदा कारतूस आ दुगो पल्सर बाइक बरामद कइले बिया।

एसपी अरविंद प्रताप सिंह प्रेस कॉन्फ्रेंस में बतवलें कि 21 दिसंबर 2023 के दिनदहाड़े कल्याणपुर थाना क्षेत्र के मुक्तापुर गांव के लगे जमीन कारोबारी विजय गुप्ता आ दिव्यांग टोटो चालक गणेश सहनी के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे। ई मामला पुलिस खातिर बहुत संवेदनशील आ चुनौतीपूर्ण बन गइल रहे।

घटना के बाद मृतक संगे मवजूद सुधीर मधान के मार्च में गिरफ्तार कs जेल भेजल गइल रहे। बाद में साक्ष्य ना मिलला पs ओकर जमानत हो गइल। ओकरा बाद एसटीएफ के मदद से तकनीकी आ मानवीय सूचना पs तेज कार्रवाई सुरू भइल। सबसे पहिले घटना में इस्तेमाल पल्सर बाइक आ ओकरा के चलावे वाला फूलबाबू राम धराइल। पूछताछ में ऊ बतवलस कि सुधीर मधान विजय गुप्ता के हत्या खातिर 5 लाख रुपिया, हथियार आ गोली देवे के सौदा कइले रहे। मृतक के फोटो देखाके शूटर लोगन के पहचान करावल गइल।

घटना वाला दिन सुधीर मधान जमीन देखावे के बहाना बनाके दुनो के टोटो में बइठाके मुक्तापुर चिमनी के लगे ले गइल, जहां बाइक पs सवार तीन गो शूटर दुनो के गोली मार देलें सs। वारदात के बाद हथियार वापस सुधीर के लगे जमा करा दिहल गइल। अमन मधान किस्त-किस्त में शूटरन के पईसा देत रहे, एमे एक लाख रुपिया मोबाइल से भेजल गइल रहे। फूलबाबू के निशानदेही पs मुख्य शूटर आशुतोष गिरफ्तार भइल, ओकरा लगे से देसी कट्टा आ जिंदा कारतूस मिलल। आशुतोष के आपराधिक इतिहास सामने आइल बा।

एसपी बतवलें कि सुधीर मधान पs वैशाली आ समस्तीपुर के कइयन गो थानन में ममिला दर्ज बा। पुलिस अब ओकर जमानत रद्द करावे खातिर कोर्ट में आवेदन देवे जा रहल बिया। जांच में ई बात सामने आइल बा कि हत्याकांड के पीछे कइयन गो जमीनी विवाद रहे। पुलिस अब दोसर जमीन कारोबारी लोगन के भूमिका के जांचत बिया। एगो दोसर शूटर के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी जारी बा।

Read Also: Humayun Kabir : हम बंगाल के ओवैसी…’, बाबरी मस्जिद क नींव रखे वाला हुमायूं कबीर के नया एलान; बढ़वलस ममता के टेंशन

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]