UP Encounter : ATS ढेर कइलस 30 लाख के मोस्ट वांटेड इनामी नक्सली कमांडर, DSP-सिपाही बाल-बाल बचल लो

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2026

वाराणसी। रामनगर थाना क्षेत्र के लंका मैदान में अतवार के भोर में यूपी एटीएस आ प्रतिबंधित नक्सली संगठन तृतीय प्रस्तुति कमेटी (TPC) के कमांडर के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह मुठभेड़ में 30 लाख रुपिया

Share

Varanasi UP ATS Encounter Naxal Commander

वाराणसी। रामनगर थाना क्षेत्र के लंका मैदान में अतवार के भोर में यूपी एटीएस आ प्रतिबंधित नक्सली संगठन तृतीय प्रस्तुति कमेटी (TPC) के कमांडर के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह मुठभेड़ में 30 लाख रुपिया के इनामी नक्सली कमांडर बृजेश गंझू उर्फ गोपाल सिंह भोक्ता के गोली लागे से मौत हो गइल।बृजेश गंझू झारखंड के चतरा जिला के लूटू, थाना लावालौंग के रहे वाला बतावल गइल बा।

मोटरसाइकिल से जात रहे बृजेश

सूत्रन के मोताबिक, बृजेश गंझू अपना एगो साथी के संगे मोटरसाइकिल से टेंगरा मोड़ से रामनगर होत मुगलसराय के ओर जात रहे। मुखबिर से मिलल सूचना के आधार पs यूपी एटीएस के सीओ विपिन राय, इंस्पेक्टर भारत भूषण तिवारी आ कमांडो टीम ओकरा के रोके के कोसिस कइलस।

पुलिस के मोताबिक, रुकला के बजाय बृजेश मोटरसाइकिल से कूद गइल आ पुलिसकर्मियन पs फायरिंग सुरू कs देलस। एकरा बाद पुलिस टीम के ओर से जवाबी कार्रवाई कइल गइल, जवना में ओकरा गोली लाग गइल।

DSP आ हेड कांस्टेबल बाल-बाल बचलें

मुठभेड़ के दौरान बृजेश के ओर से चलावल गइल गोली यूपी एटीएस के डिप्टी एसपी विपिन राय आ हेड कांस्टेबल नितेंद्र कृष्ण के बुलेटप्रूफ जैकेट में लागल। हालांकि, दुनो पुलिसकर्मी सुरक्षित रहलें। गोली लगला के बाद घायल बृजेश गंझू के इलाज खातिर लाल बहादुर शास्त्री हॉस्पिटल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs देलस।

झारखंड सरकार आ NIA रखले रहे इनाम

बतावल जा रहल बा कि झारखंड सरकार बृजेश गंझू पs 25 लाख रुपिया के इनाम घोषित कइले रहे। ओहिजा, एनआईए के ओर से ओकरा पs इनाम घोषित रहे। दुनो एजेंसियन के इनाम के मिला के ओकरा पs कुल इनाम के राशि 30 लाख रुपिया बतावल जा रहल बा।

Read Also: Asian Games 2026 : पहिले दिने भारत के बेटी लोग बिखेरल चमक, सिल्वर मेडल पs साधल लो निशाना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.