Asian Games 2026 : पहिले दिने भारत के बेटी लोग बिखेरल चमक, सिल्वर मेडल पs साधल लो निशाना

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स-2026 के आज पहिला दिन बा आ भारत के खाता में पहिलके दिन खुसखबरी आ गइल बा। भारतीय महिला टीम 10 मीटर एयर राइफल इवेंट में सानदार प्रदर्शन करत दूसरा स्थान हासिल

Share

Asian Games 2026 India Women Silver Medal

स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स-2026 के आज पहिला दिन बा आ भारत के खाता में पहिलके दिन खुसखबरी आ गइल बा। भारतीय महिला टीम 10 मीटर एयर राइफल इवेंट में सानदार प्रदर्शन करत दूसरा स्थान हासिल कइले बिया आ सिल्वर मेडल अपना नावे कs लेलस।

एलावेनिल वलारिवन, सोनम उत्तम मस्कर आ विदर्शा के विनोद के तिकड़ी दमदार खेल देखावत कुल 1898.0 अंक हासिल कइलस। एह सानदार प्रदर्शन के बदौलत भारतीय टीम सिल्वर मेडल जीते में सफल रहल। इवेंट में चीन पहिला स्थान पs रहल आ गोल्ड मेडल अपना नावे कइलस।

चीन वर्ल्ड रिकॉर्ड के संगे जीतल गोल्ड

ई मुकाबला बहुते रोमांचक रहल। भारतीय टीम चीन के कड़ा टक्कर देलस, बाकिर चीन के टीम सानदार प्रदर्शन करत गोल्ड मेडल जीत लेलस। चीन एह दौरान वर्ल्ड रिकॉर्ड बनवलस।

महिला 10 मीटर एयर राइफल में पिछिला बेस्ट स्कोर 1902 अंक रहल, जवन चीन 2025 एशियन शूटिंग चैंपियनशिप में बनवले रहे। एह बेर चीन के टीम 1904.02 के स्कोर कइलस आ आपन पिछिला रिकॉर्ड बेहतर कs लिहलस।

जापान 1897.1 अंक के स्कोर के संगे तीसरा स्थान पs रहल आ ओकरा कांस्य पदक मिलल।

Read Also: 20 सितंबर 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.