यूपी: 7 जिलन के SP सहित 14 IPS अधिकारियन के तबादला, वाराणसी जोन के IG मोहित गुप्ता बनले गृह सचिव

By Anurag Ranjan

Published on: May 6, 2025

उत्तर प्रदेश में पुलिस विभाग में बड़हन फेरबदल कइल गइल बा. देर रात 7 जिला के पुलिस अधीक्षक समेत 14 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा. वाराणसी जोन के आईजी मोहित गुप्ता के

Share

14 IPS अधिकारियन के तबादला

उत्तर प्रदेश में पुलिस विभाग में बड़हन फेरबदल कइल गइल बा. देर रात 7 जिला के पुलिस अधीक्षक समेत 14 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा. वाराणसी जोन के आईजी मोहित गुप्ता के गृह सचिव, लखनऊ बनावल गइल बा. जबकि राज करण नैयर के गोरखपुर के पुलिस अधीक्षक बनावल गइल बा. ई जानकारी यूपी सरकार से मिलल बा.

एकरा से पहिले होली के दौरान अपना बयान पs विवाद में पड़ल संभल के सीओ अनुज चौधरी के तबादला के खबर आईल रहे। सीओ अनुज चौधरी होली अवुरी शुक के नमाज एकही दिन होखे के बारे में बयान देले रहले, जवना के बाद उs खबर में आ गईले। फिलहाल अनुज चौधरी के संभल सर्किल से हटा दिहल गईल बा। अब अनुज चौधरी के चंदौसी सर्किल के सीओ बनावल गइल बा. अनुज चौधरी के जगह आलोक कुमार के संभल के सीओ बनावल गईल बा।

इहो पढ़ीं: रायगढ़ में बड़ हादसा, बेकाबू होके पलटल बस, यात्रा कs रहल 35 यात्री  घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.