[the_ad_group id="30365"]

UNESCO Indian Heritage : भारत के सात आउर संपत्ति यूनेस्को विरासत बनल, अस्थायी सूची में शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वर्ल्ड डेस्क। भारत के सात नया प्राकृतिक धरोहरन के यूनेस्को के विश्व धरोहर के टेंटेटिव लिस्ट (अस्थायी सूची) में सामिल कइल गइल बा। एमे महाराष्ट्र के पंचगनी आ महाबलेश्वर के डेक्कन ट्रैप्स आउर आंध्र प्रदेश के तिरुमला पहाड़ी प्रमुख बा। एह सात स्थलन के जुड़ला के बाद भारत के कुल धरोहरन के संख्या 69 हो जाई। एमे 49 सांस्कृतिक, 3 मिश्रित आ 17 प्राकृतिक श्रेणी के धरोहर सामिल बा।

समृद्ध सांस्कृतिक आ प्राकृतिक विरासत के संरक्षण के प्रतिबद्धता

यूनेस्को के स्थायी प्रतिनिधिमंडल भारत के एह जगहन के चयन पs बतवलें कि एह धरोहरन के सूची में सामिल कइल गइल देस के समृद्ध सांस्कृतिक आ प्राकृतिक विरासत के संरक्षण के प्रति प्रतिबद्धता के दरसावत बा।

सूची में सामिल सात नया स्थलन पs एगो नजर

  • डेक्कन ट्रैप्स (पंचगनी आ महाबलेश्वर, महाराष्ट्र)
  • सेंट मैरी आइलैंड क्लस्टर के भूवैज्ञानिक धरोहर (उडुपी, कर्नाटक)
  • मेघालयन एज गुफाएं (ईस्ट खासी हिल्स, मेघालय)
  • नगा हिल ओफियोलाइट (किफाइरे, नगालैंड)
  • एर्रा मट्टी डिब्बालु (विशाखापत्तनम, आंध्र प्रदेश)
  • तिरुमला हिल्स के प्राकृतिक धरोहर (तिरुपति, आंध्र प्रदेश)
  • वरकला के प्राकृतिक धरोहर (केरल)

सात प्राकृतिक धरोहरन के सूची में जोड़ल गइल

विगत 12 सितंबर के कइल गइल औपचारिक एलान में कहल गइल कि कुल सात प्राकृतिक धरोहरन के सूची में जोड़ल गइल बा। यूनेस्को के प्रक्रिया के अनुसार, कवनो धरोहर के विश्व धरोहर सूची में सामिल करे से पहिले ओकर टेंटेटिव लिस्ट (अस्थायी सूची) में होखल अनिवार्य बा। यूनेस्को में भारत के प्रतिनिधिमंडल भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण (एएसआई) के ओकर एह काम खातिर धन्यवाद देले बा।

Read Also: हिंदी दिवस विशेष : राष्ट्रीय स्वतंत्रता आंदोलन के सशक्त माध्यम रहल हिंदी– प्रो. प्रत्यूष दुबे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]