यूजीसी रोक दिहलस बीएचयू में पीएचडी एडमिशन, होई एs मुद्दा के अब जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2025

कुछ विसंगति के चलते विश्वविद्यालय अनुदान आयोग बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय में पीएचडी कोर्स में दाखिला बंद कs दिहले बा. यूजीसी कहलस कि उs बीएचयू पीएचडी एडमिशन 2025 से जुड़ल मुद्दा के जांच खातीर एगो समिति

Share

बीएचयू

कुछ विसंगति के चलते विश्वविद्यालय अनुदान आयोग बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय में पीएचडी कोर्स में दाखिला बंद कs दिहले बा. यूजीसी कहलस कि उs बीएचयू पीएचडी एडमिशन 2025 से जुड़ल मुद्दा के जांच खातीर एगो समिति बनाई, जवन कि एडमिशन में होखत विसंगति के जांच करी।

दाखिला के प्रक्रिया बंद हो गईल

यूजीसी बीएचयू के निर्देश देले बा कि जब ले समिति आपन रिपोर्ट ना देवे अवुरी एs मामला पs फैसला ना हो जाई, तब तक साल 2024-25 खातीर पीएचडी दाखिला के लेके आगे के सभ कार्रवाई बंद कs देवे। यूजीसी के मुताबिक, सभ विश्वविद्यालय के पीएचडी कोर्स में छात्र के प्रवेश अवुरी डिग्री देवे खातीर यूजीसी नियमावली 2022 में निर्धारित न्यूनतम मानक प्रक्रिया के पालन करे के होई।

नोटिस जारी कइल गइल आदेश

नोटिस में यूजीसी कहलस कि, विश्वविद्यालय खातीर यूजीसी रेगुलेशन 2022 के मुताबिक पीएचडी कोर्स में छात्र के दाखिला दिहल अवुरी पीएचडी के डिग्री दिहल बहुत जरूरी बा, एहसे बीएचयू में पीएचडी एडमिशन से जुड़ल मुद्दा के जांच अवुरी यूजीसी रेगुलेशन के पालन करे खातीर एगो समिति बनावल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.