Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अरे भईया बेंगलुरु में Uber एतना महंगा बा का? शख्स के किराया देख लोग बोलले- ‘FD तुरे के पड़ी ‘

259

जब भी केहू रउरा से कही कि कवन शहर हs जवन सबसे महंगा बा तs रउरा दिमाग में कवन शहर आई? का रउरा कहब कि अधिकतर लोग खाली मुंबई आ बेंगलुरु जइसन शहरन के नाम ले लीहें? एकर कारण बा कि इs सचमुच में रहे खातिर काफी महंगा शहर बा। इहाँ रहे खातिर राउर तनखाह काफी बढ़िया होखे के चाहीं। लेकिन कबो-कबो महंगाई देख के इहाँ रहे वाला लोग भी हैरान हो जाला। सोशल मीडिया पs पोस्ट शेयर करेवाला आदमी के संगे भी इहे भईल। आईं बताईं कि पोस्ट में का लउकत बा?

पोस्ट वायरल हो रहल बा

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs राजेश नाम के एगो आदमी अपना अकाउंट @theRevOpsGuy के स्क्रीनशॉट शेयर कईले बाड़े। एहमें ऊ बतवले बाड़न कि उबर आधा रात के बेंगलुरु हवाई अड्डा से एचएसआर जाए खातिर एतना किराया मंगले रहुवे। एकरा बाद उs स्क्रीनशॉट शेयर कईले। जब स्क्रीनशॉट पs आपके नजर पड़ जाई तs आप भी चौंक जाईब। उबर एs लोग के अपना मंजिल ले पहुंचावे खातीर 1,931 रुपिया मंगलस। एतना किराया देख के उहो हैरान रहले अवुरी स्क्रीनशॉट भी शेयर कईले बाड़े।

खबर लिखे के समय तक ए पोस्ट के एक लाख से जादे लोग देख चुकल बाड़े। पोस्ट देखला के बाद एगो यूजर लिखले – एफडी टूटे के पड़ी भाई। एगो अउरी यूजर पूछले – अभी तक मेट्रो भा ट्रेन के कवनो कनेक्टिविटी नइखे? एगो अउरी यूजर लिखले बा – कैब हमेशा एक आदमी खातिर महंगा होखेला, अगर 3-4 लोग होखे त ठीक बा। एक यूजर लिखले- ओकरा में 1000 रुपया डाल के मुंबई के फ्लाइट पकड़ सकेनी।

 

 

756550cookie-checkअरे भईया बेंगलुरु में Uber एतना महंगा बा का? शख्स के किराया देख लोग बोलले- ‘FD तुरे के पड़ी ‘

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.