[the_ad_group id="30365"]

गोली के तड़तड़ाहट से गूंजल हरियाणा के यमुनानगर, दिनदहाड़े डबल मर्डर

हरियाणा के यमुनानगर में दिनदहाड़े डबल मर्डर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बियफ़ें के सबेरे गोली के आवाज़ से यमुनानगर के गांव लखा सिंह खेड़ी गूंज गईल। बदमाश जिम से घरे लवटत तीन युवक पs अंधाधुंध गोलीबारी कईलस। गोली लगला से दु युवक के मउत हो गईल जबकि एक के हालत गंभीर बा। घायल युवक के अस्पताल में इलाज चलता। घटना सबेरे 8.15 बजे के बा।

मर्डन के सीसीटीवी वीडियो सामने आईल

जानकारी के मुताबिक, जिम खतम कs के तीन युवक गाड़ी से घरे लवटत रहले। ओकरा बाद बाइक सवार अनजान अपराधी ओ लोग पs गोली चला देले। ए हमला में दु युवक के मौका पs मौत हो गईल, जबकि तीसरा युवक गंभीर रूप से घाही हो गईल, जवना के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल। हत्या के सीसीटीवी फुटेज पुलिस के मिल चुकल बा। सीसीटीवी में 4 से 5 युवक गाड़ी से उतर के जिम में आईल लोग पs अंधाधुंध गोली चलावत देखाई देतारे। अपराध कईला के बाद बदमाश फरार हो गईले।

गोलीबारी के कारण साफ नईखे

घटना के जानकारी मिलते पुलिस अधीक्षक राजीव देशवाल मौका पs पहुंचले। उs कहले कि मामला के जांच शुरू कs दिहल गईल बा। मौका पs पुलिस टीम मौजूद बिया अवुरी सबूत जुटावे में व्यस्त बिया। आरोपी के पहचान अवुरी गिरफ्तारी के कोशिश जारी बा। पुलिस के कहनाम बा कि फायरिंग के पीछे के कारण अबे ले साफ नईखे भईल। प्रारंभिक जांच के मुताबिक इs आपसी दुश्मनी के मामला हो सकता। घटना के बारे में मरेवाला के परिजन के जानकारी दिहल गईल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]