[the_ad_group id="30365"]

यूपी के एह जिला में बीयर के दुकान पs कत्लेआम, दु युवकन के कुल्हाड़ी से हत्या

बीयर के दुकान पs कत्लेआम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बलिया जिला में सार्वजनिक तौर पs दु युवक के हत्या के चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक बीयर के दोकान पs भईल बकझक के बाद युवक के हत्या कs दिहल गईल। घटना के बाद परिवार के लोग शव के राष्ट्रीय राजमार्ग पs राख के जाम कs देले, जवना के चलते गाड़ी के लमहर कतार बन गईल। पुलिस के कहनाम बा कि इलाका में शांति कायम बा अवुरी पुलिस टीम आरोपी के गिरफ्तार करे के कोशिश में जुटल बिया।

वीभत्स हत्या

पुलिस के कहनाम बा कि इs घटना नरही थाना क्षेत्र के कोटवा नारायणपुर गांव में भईल बा। बुध के रात इहाँ 23 साल के प्रशांत गुप्ता अवुरी 24 साल के गोलू वर्मा के हत्या कs दिहल गईल। असल में दुनो युवक दोकान से बीयर खरीदे गईल रहले। जानकारी के मुताबिक दोकान पs गांव के कुछ युवक से उनुकर बकझक भईल। कुछ देर में बकझक झगड़ा में बदल गईल अवुरी आरोपी युवक प्रशांत अवुरी गोलू पs कुल्हाड़ी से हमला कs देलस। एकरा चलते दुनों के मौका पs मौत हो गईल।

परिवार के लोग द्वारा राजमार्ग पs जाम

प्रशांत अवुरी गोलू के हत्या के बाद खिसियाइल परिवार के लोग अवुरी गांव के लोग शव के राख के राष्ट्रीय राजमार्ग के जाम कs देले। सभे पुलिस के खिलाफ नारा लगावत रहले। एकरा चलते दुनो ओर से गाड़ी के कतार लागल रहे, जवना के बाद पुलिस भी तुरंत मौका पs पहुंच गईल। पुलिस बात कs के गांव के लोग के शांत कs देलस अवुरी जाम के समाधान करा देलस।

पुलिस मरेवाला प्रशांत अवुरी गोलू के शव के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया। पुलिस के मुताबिक मरेवाला के परिजन के शिकायत के आधार पs 4 आरोपी के खिलाफ बीएनएस के धारा के तहत मामला दर्ज कs के आरोपी के गिरफ्तारी खातीर तीन पुलिस टीम बनावल गईल बा। पुलिस के कहनाम बा कि इलाका में शांति कायम राखल जाता अवुरी बाकी कानूनी कार्रवाई कईल जाता.

इहो पढ़ीं : संभल में मिलल मंदिर के लगे लोग खुदे हटावत बाड़े अतिक्रमण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]