संभल में मिलल मंदिर के लगे लोग खुदे हटावत बाड़े अतिक्रमण

Minee Upadhyay
संभल में मिलल मंदिर के लगे लोग खुदे हटावत बाड़े अतिक्रमण
- Sponsored Ads-

हाल ही में मुस्लिम बहुल इलाका संभल में मिलल 46 साल पुरान मंदिर के आसपास अतिक्रमण हटावल जा रहल बा।  ई मंदिर संभल सदर के खग्गू सराय में मिलेला।  उहाँ के लोग खुदे एकरा आसपास के अतिक्रमण के दूर कs रहल बाड़े।  मंदिर से सटल एगो मकान के बालकनी के गिरा दिहल जाता।  मकान मालिक खुद मजदूर के रोजगार देके मकान के छत गिरा रहल बाड़े।  ई बालकनी मंदिर के ओर मुँह कइले रहे। 

मकान मालिक कहले कि हमनी के अपना मर्जी से अतिक्रमण हटावत बानी जा। उs कहले बाड़े कि बिना कवनो दबाव में आके अतिक्रमण के दूर कs देब।  मकान मालिक बतवले कि मंदिर के सुरक्षा के ध्यान में राखत घर के बालकनी धीरे-धीरे गिरावल जाता। करीब 10 दिन में एकर काम पूरा हो जाई। अवैध निर्माण के तोड़े खातीर करीब 10 मजदूर के तैनात कईल गईल बा।

- Sponsored Ads-

त्रिपाल से ढंकल गइल मंदिर

बतावल जाता कि घर पs बड़-बड़ तिरपाल लगावल जाता।  मंदिर आ इनार के भी त्रिपाल से ढंकल गइल बा ताकि घर के तोड़त घरी मलबा मंदिर भा इनार पs गिर के ओकरा के नुकसान ना पहुँचावे।  मकान मालिक के कहनाम बा कि अवैध निर्माण के तोड़े में उनुका कवनो आपत्ति नईखे। एकरा से पहिले प्रशासन के कहनाम रहे कि मंदिर के नजदीक अतिक्रमण करेवाला लोग के अपना के हटावे के चाही ना तs कार्रवाई होई। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पातर कमर खातीर करीं इs योगासन के अभ्यास, मिली हीरोइन जइसन Slim waist

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।