[the_ad_group id="30365"]

छपरा : शहर के पश्चिमी क्षेत्र में आज दु घंटा बिजली गुल : पावर सप्लाई मेंटेनेंस के लेके ब्रह्मपुर फीडर में होई काम

बिजली गुल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहर के पश्चिमी क्षेत्र में आज दूसरका दिन दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। सबेरे 10 से दुपहरिया 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। ब्रह्मपुर फीडर में मरम्मती के काम कइल जा रहल बा। एकरा कारण सबेरे से दुपहरिया तक आपूर्ति बाधित रही।

बिजली विभाग के ओर से एकरा पहिले बिजली संबंधित काम के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। बता दीं कि गरमी के पहले मरम्मत के काम कइल जात बा। जवना से गरमी में उपभोक्तन के परेसानी के सामना ना करे के पड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]