[the_ad_group id="30365"]

छपरा के एसडीएस फीडर-धर्मनाथ फीडर में 10 से 12 बजे ले दु घंटा के पावर कट: मेगा ट्रांसफॉर्मर में होई काम

बिजली गुल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहरी क्षेत्र में दु घंटा के पावर कट के सूचना जारी कइल बा। गरमी में मेगा ट्रांसफॉर्मर के ओवर हिट में पावर ट्रिप के समस्या आ मानसून के सक्रिय होखे के लेके बिजली विभाग कावर से पावर कट कs के कूलिंग आ मरम्मती के काम कइल जाये के बा।

एकरा के लेके शहरी क्षेत्र के एसडीएस फीडर आ धर्मनाथ फीडर में बिजली बाधित रही। राजेंद्र सरोवर पॉवर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दुनो फीडर में पावर कट कइल जाये के बा। एकरा से छपरा शहर के दक्षिणी हिस्सा किनरवाहि में पावर कट रही।

बिजली विभाग के ओर से सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक बिजली बाधित कइल जाये के सूचना दिहल गइल बा। एकरा पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। कार्यसमाप्ति के बाद फेर 12 बजे बिजली बहाल कs दिहल जाई।

पावर ट्रिप के समस्या के लेके चली मेंटेनेंस कार्य

पावर कट के बारे में जानकारी देत कनीय अभियंता बतवलें कि गरमी के मौसम में टेम्परेचर के बढ़ला से बिजली पs लोड बढ़ गइल बा। जवना के लेके ट्रांफॉर्मर ओवर हिट हो रहल बा। जेमे पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। पावर ट्रिप के समस्या के लेकर पावर कट कs के कुलिंग आ मरम्मती के काम कइल जाये के बा।

जवना के लेके राजेंद्र सरोवर पीएसएस से संचालित होखे वाला धर्मनाथ फीडर में पावर कट के दौरान तार ट्रान्सफार्मर आ जंफर के रिपेयरिंग कइल जाए के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]