[the_ad_group id="30365"]

Twitter: ट्विटर Blue Tick हटावल कइलस सुरू, यूपी सीएम योगी, शाहरुख खान आ विराट कोहली समेत एह हस्तियन के ब्लू टिक हटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माइक्रोब्लॉगिंग साइट ट्विटर अपना घोषणा के मोताबिक वेरिफाइड अकाउंट से फ्री ब्लू टिक हटा देले बा। जे लोग ट्विटर ब्लू प्लान खातिर भुगतान नइखे कइले ओकरा अकाउंट से ब्लू टिक हटावल गइल बा। एमे यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, पूर्व भारतीय कप्तान विराट कोहली, वर्तमान भारतीय कप्तान रोहित शर्मा, अभिनेता शाहरुख खान, अक्षय कुमार, सुपरस्टार अमिताभ बच्चन जइसन हस्ती सामिल बा लो।

पूर्व भारतीय कप्तान विराट कोहली के ट्विटर अकाउंट से हटल ब्लू टिक

 

अभिनेता शाहरूख खान के ट्विटर अकाउंट से हटल ब्लू टिक

अभिनेता शाहरुख खान के ट्विटर अकाउंट से हटल ब्लू टिक

 

कंपनी के मालिक एलन मस्क एकर ऐलान पहिलही कs देले रहस। ऊ कहले रहस था कि 20 अप्रिल के बाद से ओह अकाउंट्स से ब्लू टिक हटा दिहाल जाई, जे पेड सब्सक्रिप्शन नइखे लेले। ऊ एह बात पs जोर देके कहले रहस कि जदि ब्लू टिक चाहीं तs एकरा खातिर मंथली चार्ज देवे के पड़ी।

सीएम योगी के ट्विटर अकाउंट के वेरिफाइड साइन हटल

ट्विटर इंडिया वेरिफाइड अकाउंट के ब्लू टिक साइन के बियफे से पेड कs देले बा। ट्विटर के नया बेवस्था लागू होखतही मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक, बसपा सुप्रीमो मायावती, भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी सहित सरकार के मंत्रियन, राजनीतिक दलन के नेता लोगन के ट्विटर अकाउंट से ब्लू टिक साइन हट गइल।

सीएम, डिप्टी सीएम सहित नेता लोगन के ट्विटर अकाउंट से ब्लू टिक साइन हटतही सोशल मीडिया पs हल्ला मच गइल। भाजपा सोशल मीडिया प्रकोष्ठ के संयोजक अंकित सिंह चंदेल  कहलें कि वेरिफाइड अकाउंट पेड होखला के कारण ब्लू टिक हटावल गइल बा। निर्धारित शुल्क अदा कइला पs ब्लू टिक साइन फेर लाग जाई। फिलहाल खाली केंद्रीय मंत्री, सांसद आ ग्रे टिक वाला अकाउंट वेरिफाइड बा।

का हs ट्विटर ब्लू?

मस्क ट्विटर किनला के बाद से कइयन गो नया फैसला लेले रहस, जेमे ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन सामिल बा। ट्विटर ब्लू के तहत ब्लू टिक खातिर यूजर्स के हर महीना एगो तय राशि देवे के होई। भारत में ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन के सुविधा कुछ समय पहिलही लॉन्च भइल बा। ट्विटर ब्लू के भारत में मोबाइल खातिर हर महीना 900 रुपिया आ वेब वर्जन खातिर 650 रुपिया के कीमत तय कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]