खुद से सादी करे वाली टिकटॉक स्टार कुबरा अयकुट के मउत; पांचवी मंजिल से गिरली

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

  तुर्की के टिकटॉक के प्रभावशाली कलाकार कुबरा आयकुत के महज 26 बरीस के उमिर में निधन हो गइल. कुबरा अपना वेडिंग विदाउट एs ग्रूम (अपना से बियाह) वीडियो खातिर बहुत मशहूर भईल  रहली। तुर्की

Share

 

तुर्की के टिकटॉक के प्रभावशाली कलाकार कुबरा आयकुत के महज 26 बरीस के उमिर में निधन हो गइल. कुबरा अपना वेडिंग विदाउट एs ग्रूम (अपना से बियाह) वीडियो खातिर बहुत मशहूर भईल  रहली। तुर्की के मीडिया के मुताबिक, सोमार के इस्तांबुल के सुल्तानबेली जिला में एगो लग्जरी अपार्टमेंट बिल्डिंग के पांचवा मंजिल से गिरला के बाद टिकटॉक इनफ्लुएंसर के मउत हो गईल। स्थानीय अधिकारी के उनुका शव के लगे एगो सुसाइड नोट भी मिलल बा। मउत के कारण के पता लगावे खातिर जांच जारी बा।

प्रशंसक बतवले कि अपना मउत से पहिले आयकुत सोशल मीडिया पs एगो चिंताजनक पोस्ट कईले रहले। अपना निधन से ठीक पहिले उs अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs अपना वजन बढ़े के अनुभव के बारे में एगो दुखद संदेश लिखली। उs कहली कि हम आपन ऊर्जा जमा कs लेले बानी, बाकिर हमार वजन नईखे बढ़त। रोजाना वजन में कुछ किलो के कमी होखता। हमरा नइखे बुझात का करीं? हमरा तत्काल वजन बढ़ावे के जरूरत बा।

खासतौर पs 2023 में इनके अपरंपरागत वेडिंग विदाउट एs ग्रूम सीरीज खातिर पहचान मिलल। एगो सुन्दर सफेद गाउन आ माथे पs मुकुट पहिन के आपन बियाह कइली। एह दौरान उs कहले रहली कि हमरा अपना खातीर कवनो उपयुक्त दूल्हा नईखे मिलत। एगो अवुरी वीडियो क्लिप में उs बियाह के पोशाक में बर्गर के मजा लेत भी देखल गईली।

आयकुत के निधन के खबर से सोशल मीडिया पs शोक के लहर मच गईल। उनकर अनुयायी लोग चौंक गइल। उनुका निधन पs शोक जतावे खातीर बहुत प्रशंसक अवुरी अनुयायी अलग-अलग प्लेटफार्म पs उतरले। ऊ आयकुत के खूबसूरत दिल वाली परी कहले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.