तुर्की के रिसॉर्ट में लागल भीषण आग, 66 के मउत; कई गंभीर रूप से झुलसल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 21, 2025

उत्तर-पश्चिमी तुर्की के एगो स्की रिसॉर्ट में सोमार के देर रात एगो होटल में लागल आग में 66 लोग के मउत हो गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइल. घाही लोग के अस्पताल में भर्ती

Share

तुर्किए के रिसॉर्ट में लागल भीषण आग

उत्तर-पश्चिमी तुर्की के एगो स्की रिसॉर्ट में सोमार के देर रात एगो होटल में लागल आग में 66 लोग के मउत हो गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइल. घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अधिकारी एकरा बारे में जानकारी देले बाड़े। गृहमंत्री अली येरलिकाया बतवले कि बोलू प्रांत के कार्तलकाया रिसॉर्ट के एगो होटल रेस्टोरेंट में आग लागल बा।  टेलीविजन पs देखावल गईल आग के विजुअल में होटल के छत अवुरी ऊपरी मंजिल में आग लागल देखाई देलस। आग लागे के कारण पता ना चल पावल।

लोग घबराहट में बिल्डिंग से कूदले

सरकारी समाचार एजेंसी अनादोलु राज्यपाल अब्दुल अजीज आयदीन के हवाला से कहलस कि, घबराहट में इमारत से कूदला के बाद दु ​​लोग के मउत हो गईल। निजी ‘एनटीवी टेलीविजन’ अपना खबर में खबर दिहलस कि कुछ लोग चादर के मदद से अपना कमरा से उतरे के कोशिश कइल. आयदीन बतवले कि होटल में 234 मेहमान ठहरल रहले। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ सदाबहार सुंदरी आ हिट फिलिमन के गारंटी रहली ‘मधुबाला’, बाकिर अपने आखिरी समय में काहें हो गइली एकदम अकेल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.