Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बेहतर पाचन खातिर भोजन के बाद इ 3 योग मुद्रा के आजमाईं

शोध में पाता चलल बा कि रात के खाना खईला के बाद योग कईला से नींद ठीक होला। एतने ना, ए शोध से पता चलता कि ना सिर्फ आपके नींद के गुणवत्ता बेहतर होला, बालुक आपके तनाव, चिंता अउरी अवसाद में भी कमी आवेला, खास तौर पे महिला में।

291

बेहतर पाचन खातिर भोजन के बाद इ 3 योग मुद्रा के आजमाईं


शोध में पाता चलल बा कि रात के खाना खईला के बाद योग कईला से नींद ठीक होला। एतने ना, ए शोध से पता चलता कि ना सिर्फ आपके नींद के गुणवत्ता बेहतर होला, बालुक आपके तनाव, चिंता अउरी अवसाद में भी कमी आवेला, खास तौर पे महिला में।

आज के समय में लगभग हर महिला के योग के महत्व के बारे में पता बा। वइसे भी योग के फायदा त सभे जानत बा। योग में सांस के नियंत्रण, ध्यान, खिंचाव अउरी आसन से शारीरिक स्वास्थ्य हासिल कईल जा सकता।

अगर हमनी के रात के खाना खईला के बाद योग करेनी जा, त इ हमनी के खाना के सही तरीका से पचावे में बहुत मदद करेला।
आज हमनी के रउआ खातिर तीन गो अइसन योगासन लेके आइल बानी जा, जवना के रउआ रात के खाना खइला के बाद जरूर आजमाईं। एकर फायदा तुरंत देखाई दि। बेहतर पाचन खातिर इ 3 योग मुद्रा करीं।

रात के खाना खइला के बाद गो मुखासन

इ एगो आसन ह जवन कि आपके रीढ़ के हड्डी के खिंचाव में मदद करेला। अगर आप रात के खाना खईला के बाद इ योग करीं त पाचन में मदद मिली।

कइसे कइल जाव

• अगर रउरा अइसन करे के बा त बायां गोड़ मोड़ दीं|

•अपना टखने के बाईं कूल्ह के नजदीक राखीं।

• अब दाहिना गोड़ के बायां गोड़ से ऊपर अयीसन राखी कि दुनो घुटना एक दूसरा के छू सके।

• अयीसन होखला के बाद दुनो हाथ के पीछे अयीसन तरीका से ले जाईं कि लागे कि आपके दाहिना हाथ बायां हाथ के पकड़ले बा।

• रीढ़ के हड्डी के बहुत सीधा राखीं अउरी एक मिनट तक लंबा अउरी गहिरा सांस लीं।

• एह स्थिति के बदलला के बाद भी इहे प्रक्रिया दोहराईं।

 

रात के खाना खइला के बाद वज्रासन

रात के खाना खइला के बाद सबसे बढ़िया योग मुद्रा वज्रासन होला। विशेषज्ञ के मानल ​​बा कि ए आसन के कईला से आपके पूरा शरीर के ऊपरी हिस्सा खिंचाव हो जाला। खाना खईला के बाद हर व्यायाम आपके शरीर खातीर सबसे निमन होला, जवना में आपके शरीर खिंचाव महसूस होखेला, आप आसानी से सांस ले सकतानी अउरी आपके शरीर आराम क सकता। इ आसन आपके ए सभ काम में मदद करेला। हालांकि खाली पेट योग कईल ठीक बा, लेकिन इ अयीसन योग आसन ह, जवना से खाना खईला के बाद पाचन में जादा फायदा मिलेला।

 

कइसे कइल जाव
• एकरा खातिर दुनो गोड़ मोड़ के बईठे के पड़ेला।
• गोड़ अपना कूल्हि पर राखीं.
• अब आपन हथेली घुटना पर रख दीं।
• रीढ़ के हड्डी के सीधा राखीं आ खाली अपना साँस पर ध्यान दीं|
• अब एह हालत में लगभग 10 मिनट तक रहे के पड़ी।

 

रात के खाना खइला के बाद अर्धचंद्रासन


भोजन के बाद खिंचाव खातिर इ आसन सबसे बढ़िया आसन में से एगो ह। इ आपके पाचन में मदद करेला।

कइसे कइल जाव
• एकरा खातिर सीधा चटाई पे खड़ा होखे के पड़ेला।
• बायां हाथ ऊपर के ओर उठा के बाईं ओर झुक जाईं।
•अब बायां हाथ से जमीन के छूवे के कोशिश करीं।
• अयीसन कईला के बाद पहिले के हालत में वापस आवे के पड़ेला।
• दूसरा ओर से भी इहे प्रक्रिया दोहराईं।
• दूसरा ओर भी 10 मिनट तक अयीसन करीं।

खाना खइला के बाद आधा घंटा तक इ तीनों आसन जरूर करीं। अयीसन कईला से आप अपना शरीर में आराम महसूस करब। पेट में ढेर भरल ना लागी। अपना के स्वस्थ अउरी फिट राखे खातीर ए सभ योगासन के एक बेर जरूर आजमाईं।

477430cookie-checkबेहतर पाचन खातिर भोजन के बाद इ 3 योग मुद्रा के आजमाईं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.