महाराष्ट्र के नागपुर में ट्रक आ कार के भयानक टक्कर, 6 लोगन के गईल जान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2023

  महाराष्ट्र के नागपुर में काल्हु देर रात एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल। बतावल जाता कि नागपुर के काटोल के टोनखाम गांव के नजदीक ट्रक अवुरी टोयोटा क्वालिस कार के बीच भारी टक्कर भईल।

Share

 

महाराष्ट्र के नागपुर में काल्हु देर रात एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल। बतावल जाता कि नागपुर के काटोल के टोनखाम गांव के नजदीक ट्रक अवुरी टोयोटा क्वालिस कार के बीच भारी टक्कर भईल। एह हादसा में छह लोग के मउत हो गइल आ एगो गंभीर रूप से घवाहिल बतावल जात बा। घाही के मेडिकल कॉलेज नागपुर में भर्ती करावल गइल बा। जानकारी मिलल बा कि ई हादसा रात के करीब साढ़े डेढ़ बजे भइल बा। आमने-सामने के टक्कर के चलते टक्कर एतना तेज रहे कि स्कॉर्पियो में बईठल 6 लोग के म उत हो गईल। मरे वाला सभ लोग एकही गांव के निवासी रहले।

आमने-सामने के टक्कर 

इ हादसा नागपुर के काटोल के टोनखाम गांव के लगे शालीमार फैक्ट्री के सोझा भईल, जहां क्वालिस कार अवुरी ट्रक के बीच भारी टक्कर भईल। काटोल थाना के इंस्पेक्टर सुशांत मेश्राम बतवले कि इs दुर्घटना काल्ह रात के करीब 1:30 बजे भईल। दुनो गाड़ी तेज रफ्तार से जात रहे अवुरी आमने-सामने के टक्कर के चलते कार में सवार 6 लोग के मउत हो गईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.