Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराष्ट्र के नागपुर में ट्रक आ कार के भयानक टक्कर, 6 लोगन के गईल जान

आजु देर रात महाराष्ट्र के नागपुर में काटोल के टोनखाम गाँव के लगे एगो ट्रक आ टोयोटा क्वालिस कार के बीच भारी टक्कर हो गइल। एह हादसा में छह लोग के मउत हो गइल आ एगो गंभीर रूप से घवाहिल बतावल जात बा। 

651

 

महाराष्ट्र के नागपुर में काल्हु देर रात एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल। बतावल जाता कि नागपुर के काटोल के टोनखाम गांव के नजदीक ट्रक अवुरी टोयोटा क्वालिस कार के बीच भारी टक्कर भईल। एह हादसा में छह लोग के मउत हो गइल आ एगो गंभीर रूप से घवाहिल बतावल जात बा। घाही के मेडिकल कॉलेज नागपुर में भर्ती करावल गइल बा। जानकारी मिलल बा कि ई हादसा रात के करीब साढ़े डेढ़ बजे भइल बा। आमने-सामने के टक्कर के चलते टक्कर एतना तेज रहे कि स्कॉर्पियो में बईठल 6 लोग के म उत हो गईल। मरे वाला सभ लोग एकही गांव के निवासी रहले।

आमने-सामने के टक्कर 

इ हादसा नागपुर के काटोल के टोनखाम गांव के लगे शालीमार फैक्ट्री के सोझा भईल, जहां क्वालिस कार अवुरी ट्रक के बीच भारी टक्कर भईल। काटोल थाना के इंस्पेक्टर सुशांत मेश्राम बतवले कि इs दुर्घटना काल्ह रात के करीब 1:30 बजे भईल। दुनो गाड़ी तेज रफ्तार से जात रहे अवुरी आमने-सामने के टक्कर के चलते कार में सवार 6 लोग के मउत हो गईल।

 

 

691800cookie-checkमहाराष्ट्र के नागपुर में ट्रक आ कार के भयानक टक्कर, 6 लोगन के गईल जान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.