Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

असम के राजधानी गुवाहाटी में महसूस भइल झटका, बांग्लादेश ओ में आईल भूकंप, 4.6 रहल तीव्रता

554

असम के राजधानी गुवाहाटी समेत पूर्वोत्तर भारत के दोसरो हिस्सा में भूकंप के झटका महसूस भइल बा। एही बीच बांग्लादेश में भी भूकंप के झटका महसूस भईल।

गुवाहाटी असम के पूर्वोत्तर क्षेत्र के गुवाहाटी अवुरी बाकी हिस्सा में भूकंप के झटका महसूस भईल बा। भूकंप आवत ही लोग डर से घर से बाहर निकलल। हालांकि भूकंप के चलते कवनो जान-माल के नुकसान के खबर अभी तक नईखे आईल। बता दीं कि पिछला बियफे के दिने असम में भूकंप के झटका महसूस भइल। भूकंप के केन्द्र तेजपुर के पास रहे। रिक्टर पैमाना पs भूकंप के तीव्रता 3.7 रहल।

बांग्लादेश में भूकंप आइल बा

दरअसल पूर्वोत्तर राज्यन में, खास कर के असम, मिजोरम आ मणिपुर में बार-बार आवे वाला भूकंप के चलते अधिकारी चिंतित बाड़े। बताईं कि भूकंप बिज्ञानी लोग पूर्वोत्तर इलाका के दुनिया के छठवाँ सभसे ढेर भूकंप वाला इलाका मानत बा। एकरा साथे ही बियफे का सबेरे बांग्लादेश में भी भूकंप के झटका महसूस भइल बा। रिक्टर पैमाना पs आईल भूकंप के तीव्रता 4.8 नापल गईल बा।

जम्मू कश्मीर में 1 दिन में 5 बार भूकंप

जम्मू कश्मीर के डोडा जिला में 14 जून के आइल 5.4 तीव्रता के भूकंप के एक दिन बाद मंगल आ बुध का दिने केंद्र शासित प्रदेश के जम्मू क्षेत्र में पांच गो भूकंप महसूस भइल जवना से स्थानीय लोग में दहशत मच गइल। ताजा भूकंप के चलते प्रशासन डोडा अवुरी किश्तवाड़ जिला के शैक्षणिक संस्थान बंद करे के घोषणा कईले रहे। अधिकारी बतवले रहले कि बुधवार के जम्मू क्षेत्र में आईल भूकंप के चलते कुछ संपत्ति के नुकसान पहुंचल बा, लेकिन कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो जानकारी नईखे।

568100cookie-checkअसम के राजधानी गुवाहाटी में महसूस भइल झटका, बांग्लादेश ओ में आईल भूकंप, 4.6 रहल तीव्रता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.