[the_ad_group id="30365"]

ट्रेविस हेड तुड़ले आईपीएल के 15 साल पुरान रिकॉर्ड, गिलक्रिस्ट के पीछे छोड़ बनले पहिलका बल्लेबाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ipl 2024: ट्रेविस हेड आईपीएल के इतिहास में 15 साल पुरान एगो बड़ रिकॉर्ड तुड़त एगो नया कीर्तिमान बना देले। हेड आईपीएल के एगो सीजन में पावरप्ले के दौरान सबसे जादा बाउंड्री लगावे वाला खिलाड़ी बन गइल बाड़े। ट्रेविस हेड  के एह सीजन के बल्ला से कुल 96 बाउंड्री देखे के मिलल बा जवना में से उऽ 74 बाउंड्री पावरप्ले के दौरान लगवले।

आईपीएल 2024 के क्वालीफायर-2 में सनराइजर्स हैदराबाद राजस्थान रॉयल्स के हराके फाइनल में जगह बनवलस। टॉस हारला के बाद हैदराबाद के पहिले बल्लेबाजी करे के निमंत्रण मिलल रहे। एही दौरान ट्रेविस हेड अपना नांवे एगो बड़ रिकॉर्ड दर्ज कइले। ट्रेविस हेड 15 साल पुरान रिकॉर्ड के ध्वस्त कऽ देले।

पहिले बल्लेबाजी करे के निमंत्रण मिलने पs हैदराबाद के शुरुआत खराब रहल। ट्रेंट बोल्ट पहिलका ओवर में अभिषेक शर्मा के आउट कऽ के बड़ झटका देले। हालांकि, एक छोर पs खड़ा ट्रेविस हेड कुछ आकर्षक शॉट खेलले। एह मोकाबला में ट्रेविस हेड के बल्ला से 34 रन के पारी देखे के मिलल। एह पारी के दौरान हेड 3 चौका आ 1 सिक्स लगवले।

पावरप्ले में लगवले सबसे बेसी बाउंड्री

ट्रेविस हेड आईपीएल के इतिहास में 15 साल पुरान एगो बड़ रिकॉर्ड तुड़त एगो नया कीर्तिमान बना देले। हेड आईपीएल के एगो सीजन में पावरप्ले के दौरान सबसे जादा बाउंड्री लगावे वाला खिलाड़ी बन गइल बाड़े। ट्रेविस हेड  के एह सीजन के बल्ला से कुल 96 बाउंड्री देखे के मिलल बा जवना में से उऽ 74 बाउंड्री पावरप्ले के दौरान लगवले।

आईपीएल के एगो सीजन में पावरप्ले में सबसे बेसी बाउंड्री लगावे वाला खिलाड़ी

ट्रेविस हेड – 74 बाउंड्री (साल 2024)

एडम गिलक्रिस्ट – 72 बाउंड्री (साल 2009)

डेविड वॉर्नर – 72 बाउंड्री (साल 2016)

यशस्वी जायसवाल – 70 बाउंड्री (साल 2023)

गिलक्रिस्ट के तुड़ले रिकॉर्ड

ट्रेविस हेड एह मामला में एडम गिलक्रिस्ट के 15 साल पुरान रिकॉर्ड के तुड़ देले। गिलक्रिस्ट साल 2009 में खेलल गइल आईपीएल सीजन में पावरप्ले के दौरान कुल 72 बाउंड्री लगवले रहले। एह लिस्ट में डेविड वॉर्नर तीसरका स्थान पs बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]