Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली ट्रेन प्रभावित: इंदरा-फेफना रेलखंड पs काम के लेके रेलवे विभाग लेलस निर्णय, देखीं प्रभावित ट्रेनन के लिस्ट

151

रेलवे प्रशासन कावर से वाराणसी मंडल के इंदारा-फेफना खण्ड पs इंदारा-रतनपुर-रसड़ा के बीच दोहरीकरण के परिप्रेक्ष्य में प्री-नॉन इंटरलॉक, नॉन इंटरलॉक काम कइल गइला के कारण गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। छपरा रूट से चले वाली कइयन ट्रेनन के पुननिर्धारण, शॉर्ट टर्मिनेट/ ओरिजिनेशन आ नियंत्रण कइल गइल बा। ई जनाकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना मार्ग से संचालित होखे लागी।

  • बलिया से 28 फरवरी, 2024 के चले वाली 01026 बलिया-दादर विशेष गाड़ी बलिया से 100 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • वाराणसी सिटी से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 15132 वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस वाराणसी सिटी से 60 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
  • गोरखपुर से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 19490 गोरखपुर-अहमदाबाद एक्सप्रेस गोरखपुर से 120 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।

शार्ट टर्मिनेशन/शार्ट ओरिजिनेशन

  • छपरा से 03 मार्च, 2024 के चले वाली 05443 छपरा-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी भटनी में शार्ट टर्मिनेट होई। ई गाड़ी भटनी-मऊ के बीच निरस्त रही।

गाड़ियन के नियंत्रण

  • सूरत से 01 मार्च, 2024 के चले वाली 19045 सूरत-छपरा एक्सप्रेस मार्ग में 100 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • सूरत से 29 फरवरी,2024 के चले वाली 19045 सूरत-छपरा एक्सप्रेस मार्ग में 45 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • दादर से 02 मार्च, 2024 के चले वाली 01027 दादर-गोरखपुर विशेष गाड़ी मार्ग में 90 मिनट नियंत्रित कs चलावल जाई।
751590cookie-checkछपरा से चले वाली ट्रेन प्रभावित: इंदरा-फेफना रेलखंड पs काम के लेके रेलवे विभाग लेलस निर्णय, देखीं प्रभावित ट्रेनन के लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.