[the_ad_group id="30365"]

खंड में दर्दनाक हादसा, 6 लइकन के डूबले से मउत, ग्रामीण हत्या के लगइले आरोप, SHO के बनइले बंधक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

झारखंड के दू गो जिला गढ़वा आ रामपुर में एगो दुखद हादसा हो गइल बा. जानकारी के मुताबिक देवघर अवुरी गढ़वा जिला के जलाशय से शुक के 6 लईकन के लाश बरामद भईल। पुलिस इs जानकारी देले बिया। देवघर में शुक के सबेरे तीन लईका पोखरा में डूब गईले पुलिस बतवले बिया। एसडीपीओ ऋत्विक श्रीवास्तव के मुताबिक सोनारायथारी थाना क्षेत्र के तहत डोडिया गांव के एगो तालाब में आठ अवुरी नौ साल के बच्चा के लाश मिलल बा। ओह लोग के माता-पिता बतवले कि बियफ़ें से तीनों लइका लापता बाड़े अवुरी जब एs लोग के कवनो निशान ना मिलल तs उs लोग थाना में शिकायत दर्ज करवले रहले।

बांध से तीन लइका के लाश बरामद भईल

एकरा बाद शुक के दुपहरिया झारखंड के गढ़वा जिला में एगो बांध में तीन अवुरी लइका डूब गईले। बंशीधर नगर उंटारी के अनुमंडल पुलिस अधिकारी सत्येन्द्र नारायण सिंह बंशीधर नगर पंचायत क्षेत्र के बभनी खंड बांध से तीन बच्चा के लाश बरामद भईल बतवले। बियफ़ें से तीनों बच्चा लापता रहले। बच्चन के परिवार एकरा के हत्या कह रहल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]