झारखंड के महाराजपुर स्टेशन पs दर्दनाक हादसा : ट्रेन के चपेट में आवे से महिला कांवरिया के मउत 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2023

  तालझारी : बरहड़वा- साहिबगंज रेलखंड के महाराजपुर रेलवे स्टेशन के नजदीक ट्रेन से टकरा के एगो महिला कांवरी के मउत हो गईल। मरेवाली महिला के पहचान कोटलपोखर थाना क्षेत्र के फुलिया देवी के रूप

Share

 

तालझारी : बरहड़वा- साहिबगंज रेलखंड के महाराजपुर रेलवे स्टेशन के नजदीक ट्रेन से टकरा के एगो महिला कांवरी के मउत हो गईल। मरेवाली महिला के पहचान कोटलपोखर थाना क्षेत्र के फुलिया देवी के रूप में भईल बा। मोतीनाथ धाम मंदिर में पानी चढ़ावे आइल रहली। सोमवार के सबेरे महाराजपुर गंगा घाट से पानी लेके रेल लाइन पार करत रहे, जवना के दौरान बरहड़वा- साहिबगंज के ओर आवत एक्सप्रेस ट्रेन से टकरा के उनुकर मौका पs मउत हो गईल।

जीआरपी के टीम जांच खातीर पहुंचल

एह घटना के जानकारी साहिबगंज जीआरपी के दिहल गइल। मउका पs पहुंचला के बाद रेल प्रशासन जांच में जुटल बा। एह घटना के बाद कांवरिया लोग में दहशत मचल बा। लोग के कहनाम बा कि रेल प्रशासन के ओर से कवनो प्रकार के सुविधा नईखे दिहल जात, जवना के चलते हर साल अयीसन घटना होखता।

हर साल हजारों लोग जलाभिषेक करे पहुंचेले

मालूम बा कि सावन के सोमार के दिने दस हजार से अधिका कांवरिया मोती नाथ बाबा धाम मंदिर में पानी चढ़ावे चहुँप जालें। जवना में बिहार बंगाल समेत दोसरा जगहा से लोग आके पानी चढ़ावेला आ सब लोग महाराजपुर गंगा घाट से पानी लेके बाबा के दरबार में पानी चढ़ावेला। महाराजपुर रेलवे स्टेशन पs फुट ओवरब्रिज बा, लेकिन हड़बड़ी में लोग रेल लाइन पार करेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.