साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2022

बिहार: गोपालगंज में दिनदहाड़े ज्वेलरी शॉप से हथियार के नोक पs 10 लाख के लूट, दुकान संचालक के गोली मारल गइल। बिहार: दरभंगा एयरपोर्ट पs टेक ऑफ करे में देरी से रनवे पs कम भइल

Share

  1. बिहार: गोपालगंज में दिनदहाड़े ज्वेलरी शॉप से हथियार के नोक पs 10 लाख के लूट, दुकान संचालक के गोली मारल गइल।
  2. बिहार: दरभंगा एयरपोर्ट पs टेक ऑफ करे में देरी से रनवे पs कम भइल रोशनी, फ्लाइट रद्द कइला पs यात्रियन के हंगामा।
  3. उत्तर प्रदेश: आजम खान के तबीयत बिगड़ल, दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में भरती करावल गइल, सांस लेवे में दिक्कत।
  4. उत्तर प्रदेश: भाजपा प्रदेश कार्यकारिणी के बइठक में सीएम योगी आदित्यनाथ बोलले- टूटल मन से केहू खड़ा ना होला, छोट मन से केहू बड़ ना होला।
  5. झारखंड: हजारीबाग के इचाक में स्कार्पियो के चपेट में अइला से पति-पत्नी के मौत।
  6. पंजाबी गायक सिद्धू मूसेवाला के दिनदहाड़े हत्या, मानसा में चलल गोली, 2 साथी घायल; काल्हे पंजाब सरकार घटवले रहे सुरक्षा।
  7. केरल में मानसून के दस्तक, राज्य में 3 दिन पहिले पहुंचल मानसून, मौसम विभाग के दखिण के राज्यन ला अलर्ट जारी।
  8. नेपाल में लापता विमान के तलाश थमल; क्रैश होखे के आशंका। 4 भारतीय समेत 22 पैसेन्जर रहे लो, पायलट के फोन से मिलल लोकेशन।
  9. पहिला बेर सामने आइल ईरान के अंडरग्राउंड ड्रोन बेस। 100 से जादे ड्रोन देखवलस, बाकिर लोकेशन के खुलाशा ना कइलस।
  10. आईपीएल: क्लोजिंग सेरेमनी जारी, 8 बजे से गुजरात आ राजस्थान के बीच खिताबी मुकाबला।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.