- बिहार: लैंड फॉर जॉब स्कैम-तेजस्वी से 25 मार्च के पूछताछ: दिल्ली हाईकोर्ट कहलस- CBI के सोझा पेश होखस; जांच एजेंसी बोलल- गिरफ्तारी ना होई। याचिका में तेजस्वी कहलें रहस- कथित स्कैम के दौरान हम नाबालिग रहनी।
- बिहार: AK-47 वाली ब्यूटी क्वीन से होई पूछताछ; पटना मेयर के चुनाव लड़ चुकल श्वेता के घर पs नोटिस चस्पा, पति कहलें रहस- गैंगस्टर बनल चाहत बाड़ी।
- उत्तर प्रदेश: लखनऊ के RLB स्कूल के छात्रा कइलस सुसाइड: प्रिंसिपल -टीचर पs FIR, पिता बोललें -नकल के आरोप लगाके प्रताड़ित प्रताड़ित कइल गइल रहे।
- उत्तर प्रदेश: उमेश पाल मर्डर में एगो आउर एनकाउंटर, अतीक के मारल गइल शूटर अरबाज के फूफा के बांदा मुठभेड़ में गोली लागल।
- झारखंड: देवघर- बासुकीनाथ फोरलेन के काम जून में होई सुरू, दु बरिस में होई तइयार, 3.5 मीटर चौड़ा होई कांवरिया पथ। 38 किमी लमहर होई सड़क।
- राहुल गांधी बोललें- अडानी मुद्दा पs डेराइल बाड़ें PM: ऊ हमरा के पार्लियामेंट में ना बोले दिहेें, प्रधानमंत्री बतावस अडानी से उनकर का रिश्ता बा।
- अरुणाचल प्रदेश में आर्मी के चीता हेलीकॉप्टर क्रैश: चीन बॉर्डर के लगे मिलल मलबा, दुनो पायलटन के शव मिलल। सबेरे 9:15 मिनट पs टूटल रहे संपर्क।
- असम CM बोललें- बाल बियाह पs कारवाई सांप्रदायिक ना: अपराधियन के रोना रोवे वालन के 11 साल में गर्भवती हो रहल लईकियन के फिकर नइखे। दु गो विकल्प बा – या तs हमरा के पद से हटा दs भा बाल बियाह बंद करs – हेमंत बिस्वा सरमा, असम सीएम।
- पाकिस्तान के हवा बदललस भारत के मौसम: 5 दिन तक यलो अलर्ट पs उत्तर भारत के 7 राज्य, बरखा आ ओला गिरे के संभावना।
- शोएब अख्तर बोललें -भारत बहुत प्यार देलस: इहां एतना आइल- गइल बानी कि अब आधार कार्ड ले बा, क्रिकेट में खाली भारत-पाकिस्तान फाइनल होखे के चाहीं।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Mar 16, 2023
बिहार: लैंड फॉर जॉब स्कैम-तेजस्वी से 25 मार्च के पूछताछ: दिल्ली हाईकोर्ट कहलस- CBI के सोझा पेश होखस; जांच एजेंसी बोलल- गिरफ्तारी ना होई। याचिका में तेजस्वी कहलें रहस- कथित स्कैम के दौरान हम नाबालिग
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, Big Update, breaking news, Breaking Update, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, top 10 news, top news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






