Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

726
  1. बिहार: लैंड फॉर जॉब स्कैम-तेजस्वी से 25 मार्च के पूछताछ: दिल्ली हाईकोर्ट कहलस- CBI के सोझा पेश होखस; जांच एजेंसी बोलल- गिरफ्तारी ना होई। याचिका में तेजस्वी कहलें रहस- कथित स्कैम के दौरान हम नाबालिग रहनी।
  2. बिहार: AK-47 वाली ब्यूटी क्वीन से होई पूछताछ; पटना मेयर के चुनाव लड़ चुकल श्वेता के घर पs नोटिस चस्पा, पति कहलें रहस- गैंगस्टर बनल चाहत बाड़ी।
  3. उत्तर प्रदेश: लखनऊ के RLB स्कूल के छात्रा कइलस सुसाइड: प्रिंसिपल -टीचर पs FIR, पिता बोललें -नकल के आरोप लगाके प्रताड़ित प्रताड़ित कइल गइल रहे।
  4. उत्तर प्रदेश: उमेश पाल मर्डर में एगो आउर एनकाउंटर, अतीक के मारल गइल शूटर अरबाज के फूफा के बांदा मुठभेड़ में गोली लागल।
  5. झारखंड: देवघर- बासुकीनाथ फोरलेन के काम जून में होई सुरू, दु बरिस में होई तइयार, 3.5 मीटर चौड़ा होई कांवरिया पथ। 38 किमी लमहर होई सड़क।
  6. राहुल गांधी बोललें- अडानी मुद्दा पs डेराइल बाड़ें PM: ऊ हमरा के पार्लियामेंट में ना बोले दिहेें, प्रधानमंत्री बतावस अडानी से उनकर का रिश्ता बा।
  7. अरुणाचल प्रदेश में आर्मी के चीता हेलीकॉप्टर क्रैश: चीन बॉर्डर के लगे मिलल मलबा, दुनो पायलटन के शव मिलल। सबेरे 9:15 मिनट पs टूटल रहे संपर्क।
  8. असम CM बोललें- बाल बियाह पs कारवाई सांप्रदायिक ना: अपराधियन के रोना रोवे वालन के 11 साल में गर्भवती हो रहल लईकियन के फिकर नइखे। दु गो विकल्प बा – या तs हमरा के पद से हटा दs भा बाल बियाह बंद करs – हेमंत बिस्वा सरमा, असम सीएम।
  9. पाकिस्तान के हवा बदललस भारत के मौसम: 5 दिन तक यलो अलर्ट पs उत्तर भारत के 7 राज्य, बरखा आ ओला गिरे के संभावना।
  10. शोएब अख्तर बोललें -भारत बहुत प्यार देलस: इहां एतना आइल- गइल बानी कि अब आधार कार्ड ले बा, क्रिकेट में खाली भारत-पाकिस्तान फाइनल होखे के चाहीं।
482170cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.