[the_ad_group id="30365"]

तेजस्‍वी यादव पs मानहानि ममिला में मुकदमा चली कि ना… अदालत आज करी फैसला, जानीं पूरा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के मानहानि ममिला में मुश्किल बढ़ सकत बा। अहमदाबाद सिटी कोर्ट में तेजस्वी यादव के खिलाफ दर्ज मानहानि ममिला में आज माने सोमार के सुनवाई होई।

गुजराती के ठग कहला के ममिला में सोमार के कोर्ट तय करी कि तेजस्वी यादव के खिलाफ मानहानि के मुकदमा बनत बा कि ना। जदि मानहानि के केस भइल तs कोर्ट तेजस्वी यादव के समन जारी कs सकेला।

राजद नेता आ लालू यादव के बेटा तेजस्वी यादव पिछला महीना के आखिर में विधानसभा परिसर में दिहल आपन एगो बयान में कहले रहस कि देस के मवजूदा इस्थिति में खाली गुजराती ठग हो सकत बा आ ओकरा के माफ कs दिहल जाई। जांच एजेंसियन के उनका से डील करत घरी सावधान रहे के चाहीं। एलआईसी भा बैंक के पईसा लेके भाग जाई तs फेर के जिम्मेदार होई।

का बा ममिला?

तेजस्वी यादव के एह बयान के खिलाफ अहमदाबाद के हरेश प्राणशंकर मेहता आईपीसी के धारा 499 आ 500 के तहत मानहानि के दर्ज करावल गइल। ऊ अहमदाबाद एडिशनल चीफ मेट्रोपोलिटन मजिस्ट्रेट कोर्ट में आपन शिकायत में लिखले बा कि पिछला दिनन तेजस्वी सार्वजनिक रूप से गुजरातियन के अपमानित कइले बा।

हरेश प्राणशंकर मेहता कहलें कि राजद नेता के एह तरे के बयान देला से गुजरात से बाहर गुजरातियन के लोग शंका के नजर से देखे लागल। एह ममिला में अहमदाबाद सिटी कोर्ट आज फैसला सुनाई कि तेजस्वी यादव के खिलाफ मानहानि के मुकदमा बनत बा कि ना।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]