[the_ad_group id="30365"]

TMC में टूट से NDA के मिल सकेला बड़ फायदा, लोकसभा में 300 पार जा सकेला आंकड़ा, समझीं पूरा गणित

TMC Split May Boost NDA Strength in Lok Sabha, Political Equations Change
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली : पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के नेतृत्व वाली तृणमूल कांग्रेस (TMC) में एह दिनन अंदरूनी खींचतान के चरचा तेज बा। खबर बा कि कुछ सांसद पार्टी से अलग राह पकड़े के तइयारी में बाड़ें। अगर अइसन होला तs एह राजनीतिक बदलाव के सबसे बेसी फायदा एनडीए (NDA) के मिल सकेला।

जुलाई के तीसरा हफ्ता में संसद के मानसून सत्र सुरू होखे वाला बा। राजनीतिक गलियारन में चरचा बा कि केंद्र सरकार फेर से परिसीमन बिल आ महिला आरक्षण से जुड़ल संविधान संशोधन विधेयक संसद में पेश कs सकेले। पिछिला बेर जरूरी बहुमत ना मिलला के कारण ई बिल पास ना हो सकल रहे।

TMC के बगावत NDA खातिर मवका

लोकसभा में फिलहाल TMC के 29 सांसद बा लोग। राजनीतिक चरचन के मोताबिक, जदि लगभग 20 सांसद अलग गुट बनाके NDA के समर्थन कs देलें तs सरकार के ताकत में बड़ बढ़न्ती हो सकेला।

वर्तमान समय में लोकसभा के कुछ सीट खाली होखला के कारण प्रभावी संख्या घट गइल बा। NDA के लगे करीब 293 सांसदन के समर्थन बतावल जा रहल बा। जदि टीएमसी के 20 सांसद साथ आ जातs बा लोग तs ई संख्या 313 तक पहुंच सकेलl।

DMK आ दोसरा दलन पs नजर

राजनीतिक विश्लेषक मानत बा लोग कि कुछ खास मुद्दा पs दक्षिण भारत के कुछ दल सरकार के समर्थन कs सकेली सs। जदि अइसन होला तs NDA के संख्या आउर बढ़ सकेले। एकरा से सरकार के महत्वपूर्ण विधेयक पास करावे में सहूलियत मिल सकेला।

संविधान संशोधन बिल खातिर जरूरी बा विशेष बहुमत

संविधान संशोधन विधेयक पास करावे खातिर संसद में मवजूद आ मतदान करे वाला सदस्यन के दू-तिहाई बहुमत जरूरी होला। पिछिला मतदान में सरकार जरूरी आंकड़ा से पीछे रह गइल रहे, बाकिर अब राजनीतिक समीकरण बदलला के बाद इस्थिति अलग हो सकेला।

राज्यसभा में एनडीए लगातार आपन संख्या मजबूत करत नजर आ रहल बा। एह वजह से सरकार के उम्मेद बा कि जदि नया राजनीतिक समर्थन मिलल तs महत्वपूर्ण बिलन के पास करावे में जादे दिक्कत ना होई।

हालांकि, ई सब फिलहाल राजनीतिक अटकल आ चरचा पs आधारित बा। असल तस्वीर मानसून सत्र सुरू होखला के बादे साफ होई।

Read Also: IND-A vs SL-A : 4…4…4 से धांसू सुरुआत, बाकिर बड़ ना खेल सकलें वैभव सूर्यवंशी, श्रीलंका ए खिलाफ बनवलें मात्र 14 रन

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]