[the_ad_group id="30365"]

TMC Crisis : 20 सांसदन के NDA के समर्थन, स्पीकर ओम बिरला के सउपल गइल पत्र 

TMC Crisis: Kakoli Ghosh Dastidar Claims 20 MPs Have Extended Support to NDA
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। तृणमूल कांग्रेस (TMC) में राजनीतिक संकट सोमार के आउर गहिराह हो गइल, जब पार्टी के वरिष्ठ सांसद काकोली घोष दस्तीदार दावा कइली कि टीएमसी के करीब 20 सांसद अब राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (NDA) के समर्थन करे के फैसला कइले बा लोग।

काकोली घोष दस्तीदार के अनुसार, ई सांसद लोग अपना रुख के बारे में लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला के आधिकारिक रूप से जानकारी दे देले बा आ एह संबंध में एगो पत्रो सउपल गइल बा।

एह दावा के बाद टीएमसी के अंदर राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। जदि ई दावा सही साबित होला, तs पार्टी खातिर ई बड़ राजनीतिक झटका मानल जाई। हालांकि, अभी तक टीएमसी नेतृत्व भा संबंधित सांसदन के ओर से एह दावा पs कवनो आधिकारिक प्रतिक्रिया सामने नइखे आइल।

राजनीतिक गलियारा में एह घटनाक्रम पs सब केहू के नजर टिकल बा, काहेकि एकरा से संसद में राजनीतिक समीकरण पs असर पड़ सकेला।

Read Also: Oman Coast Attack : ओमान तट के लगे जहाज पs हमला, 24 भारतीय नाविक नौसेना से मदद के लगावल लोग गुहार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]